Singham Again: दीवाली पऽ रिलीज होई ‘सिंघम अगेन’ रामायण के झलक के साथे ट्रेलर लॉन्च

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

अजय देवगन के सबसे प्रतीक्षित एक्शन फिल्म ‘सिंघम अगेन’ के ट्रेलर सोमार के दिने रिलीज भइल। 4 मिनट 58 सेकंड के ट्रेलर एक्शन से भरल बा। ट्रेलर से प्रशंसकन के उत्साह अउरी दुगुना हो गइल

Share

अजय देवगन के सबसे प्रतीक्षित एक्शन फिल्म ‘सिंघम अगेन’ के ट्रेलर सोमार के दिने रिलीज भइल। 4 मिनट 58 सेकंड के ट्रेलर एक्शन से भरल बा। ट्रेलर से प्रशंसकन के उत्साह अउरी दुगुना हो गइल बा। एकरा संगे-संगे ट्रेलर के रिलीज के संगे सोशल मीडिया पऽ लोग एकरा के बहुत पसंद करतारे।

बता दीं कि रोहित शेट्टी के निर्देशन में बनल ‘सिंघम अगेन’ में अजय देवगन के साथे करीना कपूर, दीपिका पादुकोण, अक्षय कुमार, रणवीर सिंह, अर्जुन कपूर, टाइगर श्रॉफ, जैकी श्रॉफ जइसन बड़का सितारा एक संगे लउकत बाड़े।

एकरा अलावे ट्रेलर में रामायण के कुछ अंश देखे के मिली। खास बात ई बा कि एह फिलिम के कहानी के रामायण के किरदार से जोड़ल गइल बा जवना में अजय देवगन (राम), करीना कपूर (सीता), रणवीर सिंह (हनुमान), टाइगर श्रॉफ (लक्ष्मण) के देखावल गइल बा। एकरा संगे-संगे बॉलीवुड के ‘इशकजादे’ अर्जुन कपूर के ‘रावन’ के किरदार से जोड़ल गइल बा।

ट्रेलर देख के पता चलता कि करीना कपूर के अपहरण हो जाला, ओकरा बाद अजय देवगन अपना टीम के संगे उनका के अर्जुन कपूर के चंगुल से बचइहें। एह फिलिम में अर्जुन कपूर एगो डरावना खलनायक के किरदार में लउकत बाड़न।

एह फिलिम में अजय देवगन ‘बाजीराव सिंघम’ के किरदार में नजर अइहें। जहां, रणवीर सिंह ‘संग्राम भलेराव’ (सिम्बा) के किरदार में देखाई दिहें, उहें अक्षय कुमार ‘वीर सूर्यवंशी’ के किरदार में देखाई दिहें। मजेदार बात ई बा कि अभिनेत्री दीपिका पादुकोण ‘लेडी सिंघम एसपी शक्ति शेट्टी’ के किरदार में बाड़ी।

ट्रेलर के अंत में अजय देवगन के डायलॉग सुनाई देवेला, सामने खड़ा आदमी महात्मा गांधी के इज्जत करेला, बाकिर छत्रपति शिवाजी महाराज के पूजा करेला। रउरा सभे के जानकारी खातिर फिल्म ‘सिंघम अगेन’ एक नवम्बर के दिवाली का मौका पर बड़का परदा पऽ रिलीज होखी।

एह फिलिम के शूटिंग मुंबई, हैदराबाद, कश्मीर आ श्रीलंका में भइल बा। ‘सिंघम अगेन’ के मुकाबला कार्तिक आर्य के फिलिम ‘भूल भुलाईया 3’ से बॉक्स ऑफिस पऽ होखी. ‘सिंघम अगेन’ ‘सिंघम रिटर्न्स’ के सीक्वल हऽ। एकरा से पहिले सिंघम (2011) आ सिंघम रिटर्न्स (2014) रिलीज भइल रहे। सिंघम फ्रेंचाइजी के ई तिसरका हिस्सा हऽ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.