स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधू आखिरकार आपन लमहर खिताबी इंतजार खतम कs देली। टोक्यो में खेलल गइल BWF Super 750 Japan Open 2026 के महिला एकल खिताब जीतके ऊ नया इतिहास रच देली। फाइनल मुकाबला में सिंधू मेजबान जापान के विश्व नंबर-3 अकाने यामागुची के लगातार दू गेम में 21-17, 21-17 से हरवली। लगभग 50 मिनट चलल एह मुकाबला में सिंधू सुरू से आखिर तक सानदार खेल देखवली आ जापान ओपन जीते वाली पहिला भारतीय खिलाड़ी बन गइल बाड़ी।
सात साल बाद मिलल बड़ खिताब
ई जीत पीवी सिंधू खातिर बहुत खास मानल जा रहल बा। दिसंबर 2024 में सैयद मोदी इंटरनेशनल जीते के बाद ई उनकर पहिला BWF टूर खिताब बा। जदि सुपर-750 भा ओकरा से बड़ स्तर के टूर्नामेंट के बात कइल जावs तs सिंधू करीब सात साल बाद एह स्तर के ट्रॉफी जीतली। एकरा पहिले ऊ 2019 विश्व बैडमिंटन चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीतके इतिहास रचले रहली।
पहिला गेम में सानदार वापसी
फाइनल के पहिला गेम बहुते रोमांचक रहे। दूनो खिलाड़ी एक समय 17-17 पs बराबरी पs रहलें। बाकिर एह निर्णायक मोड़ पs सिंधू लगातार चार अंक जीतके गेम 21-17 से अपना नावे कs लेली। दबाव के समय उनकर अनुभव साफ नजर आइल।
दूसरा गेम में पूरा दबदबा
दूसरा गेम में सिंधू के प्रदर्शन लाजवाब रहल। ऊ सुरुआत से बढ़त बनवले रखली। स्कोर 8-3, 14-7 आ बाद में 16-12 हो गइल। तेज स्मैश, मजबूत डिफेंस आ सटीक शॉट के बदौलत यामागुची के वापसी के कवनो मवका ना मिलल। आखिर में सिंधू फेर 21-17 से गेम जीतके मैच अपना नाम कs लेली।
पूरा टूर्नामेंट में सानदार प्रदर्शन
अभियान के दौरान पीवी सिंधू बेहतरीन लय में नजर आइल बाड़ी। ऊ पूरा टूर्नामेंट में अपना सब मुकाबला सीधे गेम में जीतली। फाइनल में धैर्य, अनुभव आ आक्रामक खेल के सानदार खेल देखावत खिताब पs कब्जा जमा लेली।
यामागुची पs मजबूत भइल रिकॉर्ड
पीवी सिंधू आ अकाने यामागुची के बीच ई 30वां मुकाबला रहे। एह जीत के बाद सिंधू हेड-टू-हेड रिकॉर्ड में आपन बढ़त आउर मजबूत कs लेली। जापानी दर्शकन के सामने घरेलू स्टार के हराके सिंधू एक बेर फेर साबित कs देली कि ऊ दुनिया के सबसे बेहतरीन बैडमिंटन खिलाड़ी में से एगो बाड़ी।
भारत खातिर गर्व के पल
पीवी सिंधू के ई जीत खाली एगो खिताब ना, बलुक भारतीय बैडमिंटन खातिर ऐतिहासिक उपलब्धि बा। सात साल बाद बड़ खिताब जीतके पीवी सिंधू आलोचकन के जवाब दे देली आ करोड़न भारतीय खेल प्रेमियन के गर्व करे के मवका देली। अब फैंस के उम्मेद बा कि सिंधू एह सानदार फॉर्म के आगामी अंतरराष्ट्रीय प्रतियोगितियन में बरकरार रखिहें।
Read Also: UP Election 2027 : चिराग पासवान के बड़ एलान, यूपी के 403 सीट पs चुनाव लड़ी लोजपा









