सिद्धारमैया होइहें कर्नाटक के नया सीएम, डीके शिवकुमार बनिहें डिप्टी CM; 20 मई के शपथ ग्रहण समारोह

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2023

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता सिद्धारमैया कर्नाटक के अगिला मुख्यमंत्री होइहें। जबकि डी.के. शिवकुमार उपमुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें। बता दीं कि कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे कर्नाटक सरकार के गठन खातिर आम सहमति जतवलें। शपथ ग्रहण

Share

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता सिद्धारमैया कर्नाटक के अगिला मुख्यमंत्री होइहें। जबकि डी.के. शिवकुमार उपमुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें। बता दीं कि कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे कर्नाटक सरकार के गठन खातिर आम सहमति जतवलें। शपथ ग्रहण समारोह 20 मई के बेंगलुरु में होई।

 


दरअसल, कांग्रेस विधायक दल (CPL) के बैठक आज (18 मई) सांझ 7 बजे बेंगलुरु में बोलावल गइल बा।

 


एकरा पहिले कर्नाटक कांग्रेस प्रभारी रणदीप सुरजेवाला, कर्नाटक कांग्रेस अध्यक्ष डी.के. शिवकुमार आ कांग्रेस के वरिष्ठ नेता सिद्धारमैया पार्टी महासचिव के.सी. वेणुगोपाल से मुलाकात कइले रहे लो।

13 मई के घोषित भइल रहे नतीजा 

उल्लेख करे जोग बा कि कर्नाटक में विधानसभा चुनाव के नतीजा 13 मई के घोषित भइल रहे। कांग्रेस के कर्नाटक चुनाव में प्रचंड बहुमत मिलल बा। कांग्रेस 135 सीटन पs जीत हासिल कइले बिया। हालांकि, एकरा बादे से कांग्रेस पार्टी सीएम फेस के लेके पिछला चार दिनन से चरचा करत रहे, बाकिर अब जाके सीएम के नाम पs मोहर लाग पाइल बा।

डीके शिवकुमार बनिहें डिप्टी सीएम

कांग्रेस एक बेर फेर सिद्धारमैया पs भरोसा जतवले बिया। समाचार एजेंसी एएनआइ के मोताबिक, सिद्धारमैया कर्नाटक के नया मुख्यमंत्री होइहें, जबकि डीके शिवकुमार के डिप्टी सीएम पद मिली। एकरा पहिले दुनो नेता लोग दिल्ली में कांग्रेस के कइयन बड़ नेता लोगन से मुलाकात कइले रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.