[the_ad_group id="30365"]

Champions Trophy: विजेता भारतीय टीम पs पईसन के बरखा, BCCI 58 करोड़ रुपिया नकद पुरस्कार देवे के घोषणा कइलस

Champions Trophy: विजेता भारतीय टीम पs पईसन के बरखा, BCCI 58 करोड़ रुपिया नकद पुरस्कार देवे के घोषणा कइलस
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पाेर्ट्स डेस्क : भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी जीते वाली भारतीय टीम पs पईसन के बरखा कइले बाड़ें।बोर्ड टीम इंडिया खातिर 58 करोड़ रूपिया नकद पुरस्कार के घोषणा कइले बाड़ें। ई वित्तीय लाभ खिलाड़ियन, कोचिंग आ सहयोगी स्टाफ के संगे-संगे अजीत अगरकर के अध्यक्षता वाली पुरुष चयन समिति के सदस्यनो के मिली। बोर्ड अपना बयान में पुरस्कार के ब्यौरा ना दी।

बीसीसीआई अध्यक्ष रोजर बिन्नी एगो विज्ञप्ति में कहलें, ‘लगातार आईसीसी खिताब जीतल खास बा आ ई पुरस्कार वैश्विक मंच पs टीम इंडिया के समर्पण आ उत्कृष्टता के मान्यता देला।’ भारत चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल में न्यूजीलैंड के चार विकेट से हराके खिताब अपना नावे कइले रहस। ई भारत के लगातार दूसरका आईसीसी टूर्नामेंट खिताब जीत रहे। एकरा पहिले 2024 में टीम इंडिया टी20 विश्व कप जीतले रहे।

बिन्नी कहलें कि चैम्पियंस ट्रॉफी के जीत भारत के मजबूत क्रिकेट इको सिस्टम के बानगी बा। ऊ कहलें, ‘ई 2025 में हमनी के दूसरा आईसीसी खिताब हs। आईसीसी अंडर 19 महिला टीम विश्व कप जीतल। एकरा से साबित होला कि देस में क्रिकेट के इको सिस्टम केतना मजबूत बा।’ भारतीय टीम पिछला साल टी20 विश्व कप जीतले रहस।


चैंपियन बनला के बाद आईसीसी के ओर से पईसन के बरखस

विजेता भारतीय टीम पs चैंपियन बनला के बाद विजेता राशि के रूप में पईसन के बरखा भइल रहे। भारतीय टीम के 2.4 मिलियन अमेरिका डॉलर माने करीब 19.5 करोड़ रुपिया मिलल रहे। अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) चैंपियंस ट्रॉफी खातिर इनामी राशि में पिछला बेर के तुलना में 53 प्रतिशत के इजाफा कइले रहे। एह टूर्नामेंट के कुल इनामी राशि बढ़के 6.9 मिलियन डॉलर (करीब 60 करोड़ रुपिया) भइल रहे। विजेता के अलावा उपविजेता न्यूजीलैंड के टीम के 1.12 मिलियन डॉलर (करीब 9.72 करोड़ रुपिया) मिलल, जबकि सेमीफाइनल में बाहर होखे वाली दुनो टीम ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के 56000 डॉलर (4.86 करोड़ रुपिया) मिलल रहे।

Read Also: लाखन रुपिया के हो जाई टैक्स सेविंग, देखीं NPS से कइसे बचावल जा सकत बा टैक्स?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]