सेंट्रल डेस्क। हफ्ता के दूसरका कारोबार दिन भारतीय शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल। सेंसेक्स 200 अंक से जादे टूट गइल, जबकि निफ्टी 24,050 के नीचे आ गइल। सरकारी बैंकन के शेयर में भारी बिकवाली के चलते बाजार कमजोर पड़ गइल।
सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 208 अंक गिरके 77,094 के आसपास आ गइल, जबकि निफ्टी 42 अंक टूटके 24,049 पs आ गइल। रुपिया में कमजोरी देखे के मिलल आ डॉलर के मुकाबले 24 पईसा गिरके 94.39 पs पहुंच गइल।
हालांकि, सबेरे के कुछ समय बाद बाजार में हल्का सुधार देखल गइल। सेंसेक्स 57 अंक बढ़के 77,360 के आसपास पहुंच गइल, जबकि निफ्टियो मामूली बढ़त के संगे कारोबार करत देखल गइल।
बड़ शेयर में दबाव, छोट शेयर में बढ़त
बड़ा कंपनियन के शेयर में गिरावट के बादो छोट आ मिडकैप शेयर में हल्का तेजी देखल गइल। मिडकैप आ स्मॉलकैप इंडेक्स में 0.3% तक के बढ़त रहे।
एसबीआई, एक्सिस बैंक, सन फार्मा आ इंडिगो जइसन शेयर में गिरावट देखल गइल, जबकि टीसीएस, अदाणी पोर्ट्स, एलएंडटी आ महिंद्रा एंड महिंद्रा में बढ़त रहे।
कच्चा तेल आ बिदेसी तनाव से असर
बाजार में गिरावट के मुख्य कारण अंतरराष्ट्रीय तनाव बतावल जा रहल बा। ईरान-अमेरिका के बीच तनाव बढ़े से कच्चा तेल के दाम 109 डॉलर प्रति बैरल से ऊपर चल गइल बा।
बिदेसी निवेशक लगातार शेयर बेच रहल बा लोग, जवना के असर बाजार पs पड़ रहल बा। सोमार के आंकड़ा अनुसार, बिदेसी निवेशक 1,151 करोड़ रुपिया के बिकवाली कइले रहलें।
आगे के इस्थिति
विशेषज्ञ लोग कह रहल बा कि बाजार अभी संतुलन के दौर से गुजर रहल बा। आगे के चाल अमेरिका के फेडरल रिजर्व के फैसला आ वैश्विक इस्थिति पs निर्भर करी।
Read Also: Iran : अमेरिकी नाकाबंदी से बढ़ रहल बा दबाव, अमेरिकी सेंट्रल कमान के दावा- 38 जहाज रोकल गइल








