शेयर न्यूज : रूस-यूक्रेन जंग के बिचहीं शेयर मार्केट गीरल, सेंसेक्स 1,700 पॉइंट से ढेर गीरल

Khabar Bhojpuri Desk
- Sponsored Ads-

शेयर बाजार में हफ्ता के पहिला कारोबारी दिन यानी सोमार के भारी गिरावट देखे के मिलल रहल। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) के सेंसेक्स 1,161 पॉइंट टूट के 53,172 पs खुलल। एकरे बाद ई 10.20 बजे 1,708 पॉइंट गिरावट के संगे 52,625 पs आ गइल रहल। बैंकिंग शेयर्स के जबरदस्त पिटाइल देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स के 30 शेयर्स में से 29 में गिरावट बा। ओन्ने, नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टी 459 अंक निच्चे 15,785 पs कारोबार कs रहल बा|

निवेशकों को 6 लाख करोड़ रुपए से ज्यादा नुकसान
बाजार में बड़का गिरावट अइले से निवेशकन के भारी नोकसान हो रहल बा। शुक्क के जब बाजार बंद भइल त BSE पs सूचीबद्ध कंपनियन के पूंजीकरण 2,46,79,421 करोड़ रुपया रहल। उहवें, सोम्मार के बजार खुलते सूचीबद्ध कंपनियन के पूंजीकरण घट के लमसम 2,40,78,200 करोड़ रह गइल बा। एही तरे निवेशकन के एक्के झटका में 6 लाख करोड़ रुपया से ढेर नोकसान हो चुकल बा।

- Sponsored Ads-

 

साभार – दैनिक भास्कर

- Sponsored Ads-

Share This Article