शाहजहांपुर में सड़क हादसा, 12 लोग के मौत: टैंकर टेंपो के एतना तेज टक्कर मरलस कि सब केहु के मवका पs जान गइल, गंगा स्नान खातिर जात रहे लो

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 25, 2024

उत्तर प्रदेश के शाहजहांपुर में बियफे के भीषण सड़क हादसा भइल। इ हां टैंकर टेंपो के टक्कर मार देलस। टक्कर एतना भीषण रहे कि टेंपो में सवार 12 लोगन के मवके पs मौत हो गइल।

Share

उत्तर प्रदेश के शाहजहांपुर में बियफे के भीषण सड़क हादसा भइल। इ हां टैंकर टेंपो के टक्कर मार देलस। टक्कर एतना भीषण रहे कि टेंपो में सवार 12 लोगन के मवके पs मौत हो गइल। हादसा अल्लाहगंज इलाका के फर्रुखाबाद मार्ग पs भइल बा। बतावल जा रहल बा कि घना कोहरा के चलते हादसा भइल बा।

हादसा के बाद स्थानीय लोग पुलिस के मदद से टेंपों में फंसल सब लोगन के बाहर निकालल। सभका के मवका पs मौत हो गइल रहे। हादसा के बाद हाईवे पs जाम के इस्थिति बन गइल।

जिला के थाना मदनापुर के गांव दमगड़ा से 12 लोग टेंपो से गंगा स्नान खातिर सभे ढाई घाट जात रहे लो। हादसा अल्हागंज के गांव सुगसुगी के पास हाईवे पs भइल बा। सुबह करीब 11 बजे के घटना हs।

सीएम योगी जतवले दुख

सीएम योगी हादसा पs दुःख जतवले बाड़े आ मृतकन के परिजनन के प्रति संवेदना व्यक्त कइले। संगही अधिकारियन के मवका के पs पहुंचके राहत आ बचाव करे आ घायलन के समुचित इलाज खातिर निरदेस देले बा। संगही मृतकान के परिजनन से मिलके संवेदना व्यक्त करे के कहले बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.