अब शहीदी दिवस पर छुट्टी: 23 मार्च के पंजाब मे छुट्टी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2022

पंजाब में अब 23 मार्च के शहीदी दिवस पर छुट्टी रही। विधानसभा सत्र के अंतिम दिन मंगलवार के सीएम भगवंत मान ई एलान कइने। सीएम स्कूल-कॉलेज के बचवन अउर उनके अध्यापकन के हुसैनीवाला अउर खटकड़कलां पहुंच

Share

पंजाब में अब 23 मार्च के शहीदी दिवस पर छुट्टी रही। विधानसभा सत्र के अंतिम दिन मंगलवार के सीएम भगवंत मान ई एलान कइने। सीएम स्कूल-कॉलेज के बचवन अउर उनके अध्यापकन के हुसैनीवाला अउर खटकड़कलां पहुंच के इतिहास के जानकारी हासिल करे के कहनें।

कांग्रेस के अमरिंदर सिंह राजा वड़िंग 23 मार्च के छुट्टी के गैरजरूरी बतवने त मुख्यमंत्री  उनसे पुछने कि आप बता सकत बानी कि शहीद भगत सिंह के जन्मदिन कब रहल? राजा वड़िंग जवाब नाइ दे पवने त मुख्यमंत्री बतवने कि 28 सितंबर के भगत सिंह के जन्मदिवस होला। नई पीढ़ी के इतिहास से जोड़ही खातिर ई फैसला लिहल गइल बा।

सीएम भगवंत मान विधानसभा में शहीद-ए-आजम भगत सिंह अउर बाबा साहेब अम्बेडकर के मूर्ति लगववले के प्रस्ताव रखने, जेके सदन मंजूरी दे देहलस। महाराजा रणजीत सिंह के मूर्ती विधानसभा में लगी। सदन में ध्वनिमत से प्रस्ताव पारित हो गइल बा। कांग्रेस के विधायक प्रताप बाजवा महाराजा रणजीत सिंह के मूरत लगवने के मांग कइले रहने।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.