Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब शहीदी दिवस पर छुट्टी: 23 मार्च के पंजाब मे छुट्टी

मुख्यमंत्री मान विधानसभा में कइने एलान

119
सीवान इन्शुरेंस 720 90

पंजाब में अब 23 मार्च के शहीदी दिवस पर छुट्टी रही। विधानसभा सत्र के अंतिम दिन मंगलवार के सीएम भगवंत मान ई एलान कइने। सीएम स्कूल-कॉलेज के बचवन अउर उनके अध्यापकन के हुसैनीवाला अउर खटकड़कलां पहुंच के इतिहास के जानकारी हासिल करे के कहनें।

कांग्रेस के अमरिंदर सिंह राजा वड़िंग 23 मार्च के छुट्टी के गैरजरूरी बतवने त मुख्यमंत्री  उनसे पुछने कि आप बता सकत बानी कि शहीद भगत सिंह के जन्मदिन कब रहल? राजा वड़िंग जवाब नाइ दे पवने त मुख्यमंत्री बतवने कि 28 सितंबर के भगत सिंह के जन्मदिवस होला। नई पीढ़ी के इतिहास से जोड़ही खातिर ई फैसला लिहल गइल बा।

सीएम भगवंत मान विधानसभा में शहीद-ए-आजम भगत सिंह अउर बाबा साहेब अम्बेडकर के मूर्ति लगववले के प्रस्ताव रखने, जेके सदन मंजूरी दे देहलस। महाराजा रणजीत सिंह के मूर्ती विधानसभा में लगी। सदन में ध्वनिमत से प्रस्ताव पारित हो गइल बा। कांग्रेस के विधायक प्रताप बाजवा महाराजा रणजीत सिंह के मूरत लगवने के मांग कइले रहने।

Middle Yayawari
229500cookie-checkअब शहीदी दिवस पर छुट्टी: 23 मार्च के पंजाब मे छुट्टी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.