का दूसराका बेर माई बने वाली बाड़ी शाहरुख खान के इs एक्ट्रेस? एह पोस्ट से मिलल हिंट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2024

शाहरुख खान के साथे फिलिम ‘रईस’ में काम करे वाली पाकिस्तानी अभिनेत्री माहिरा खान हालही में अक्टूबर महीना में बिजनेसमैन सलीम करीम से बियाह कइले बाड़ी। दुनों के बियाह बहुत धूमधाम के संगे भईल, जवना

Share

शाहरुख खान के साथे फिलिम ‘रईस’ में काम करे वाली पाकिस्तानी अभिनेत्री माहिरा खान हालही में अक्टूबर महीना में बिजनेसमैन सलीम करीम से बियाह कइले बाड़ी। दुनों के बियाह बहुत धूमधाम के संगे भईल, जवना के तस्वीर कई दिन तक सोशल मीडिया प sवायरल भईल। बियाह के बाद हाल ही में माहिरा के फैंस खातीर एगो अवुरी खुशखबरी आईल बा। खबर बा कि माहिरा खान दूसरा बेर महतारी बने वाली बाड़ी। जानीं कवना महीना में अभिनेत्री बच्चा के जन्म दिही।

माहिरा दूसरा बेर माई बने जा रहल बाड़ी

दरअसल, हाल ही में माहिरा खान के बारे में एगो पोस्ट सोशल मीडिया पs वायरल होखता, जवना में उनुका गर्भवती होखे के दावा कईल जाता। एही कारण से उs कवनो काम के दबाव ना लेवे के चाहत बाड़ी अवुरी अब से काम से ब्रेक लेले बाड़ी। बतावल जात बा कि अभिनेत्री गर्भधारण के चलते ओटीटी प्लेटफार्म पs दू गो प्रोजेक्ट करे से मना कs दिहले बाड़ी। एकरा संगे खबर भी आ रहल बा कि माहिरा अगस्त-सितम्बर के महीना में बच्चा के जन्म दे सकेली। हालांकि माहिरा अवुरी सलीम अबे ले ए गर्भ के खबर के पुष्टि नईखन कईले। खबर बा कि शायद इs जोड़ी जल्दिए कवनो अनाउंसमेंट कs सकता।

माहिरा के दूसरका बियाह

बता दीं कि माहिरा खान के ई दुसरका बियाह सलीम करीम से भइल बा।दुनु जाना बहुत दिन से एक दूसरा के डेट करत बाड़े। माहिरा के बियाह पहिले भी भईल रहे। अभिनेत्री के बियाह सबसे पहिले अपना बचपन के प्यार अली अस्करी से भईल। दुनु जने के एगो बेटा भी बा, जेकर नाम अजलान हs। हालांकि बियाह के आठ साल बाद माहिरा 2015 में अपना पहिला पति से अलग हो गईली। अयीसना में सलीम करीम से दूसरका बियाह के बाद माहिरा एक बेर फेर से अपना जीवन के एगो नाया शुरुआत कईले बाड़ी।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.