एमपी में दिल दहला देवे वाला हादसा, ट्रक आ एसयूवी के टक्कर में 7 के मउत; 14 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 10, 2025

मध्य प्रदेश के सीधी जिला में दिल दहला देवे वाला हादसा सोझा आईल बा। इहाँ ट्रक अवुरी एसयूवी के टक्कर में सात लोग के मउत हो गईल बा, जबकि 14 लोग घाही होखे के बात

Share

मध्य प्रदेश के सीधी जिला में दिल दहला देवे वाला हादसा सोझा आईल बा। इहाँ ट्रक अवुरी एसयूवी के टक्कर में सात लोग के मउत हो गईल बा, जबकि 14 लोग घाही होखे के बात कहल जाता। पुलिस घटना के बारे में जानकारी देले बिया। बता दीं कि जिला में सोमार के सबेरे एगो ट्रक अवुरी स्पोर्ट्स यूटिलिटी व्हीकल (एसयूवी) के बीच टक्कर भईल। एह हादसा में सात लोग के मउत हो चुकल बा जबकि 14 लोग घवाहिल हो गइल बा. पुलिस के मुताबिक दुर्घटना सिधी बहरी रोड के उपनी पेट्रोल पंप के नजदीक सबेरे करीब 2.30 बजे भईल। 

9 लोग के रीवा रेफर कs दिहल गईल

मीडिया से बात करत पुलिस उप अधीक्षक गायत्री तिवारी बतवली कि एगो परिवार के लोग के लेके जात एसयूवी मैहर के ओर जात रहे, जबकि ट्रक सीधी से बहरी के ओर जात रहे। एही बीच उपनी पेट्रोल पंप के नजदीक दुनो गाड़ी के बीच आमने-सामने टक्कर भईल। उs कहले कि, एs दुर्घटना में एसयूवी में सवार सात लोग के मउत हो गईल अवुरी 14 लोग घाही हो गईले। उs कहले कि ट्रक चालक के हिरासत में लेके आगे के छानबीन कईल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.