[the_ad_group id="30365"]

Share Bazar : शेयर बाजार में लगातार गिरावट, सेंसेक्स 700 अंक से जादे लुढ़कल, निफ्टी 23,700 से नीचे पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार में गिरावट के सिलसिला लगातार जारी बा। सुक के कारोबार में लगातार चउथा दिन बाजार लाल निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार में बीएसई सेंसेक्स 703 अंक से जादे टूट गइल, जबकि एनएसई निफ्टी 23,700 के स्तर से नीचे फिसल गइल। बिदेसी निवेशकन के बिकवाली, कच्चा तेल के बढ़त कीमत आ वैश्विक तनाव के चलते निवेशकन के भरोसा कमजोर पड़ गइल बा।

सेंसेक्स 700 अंक से जादे गिरल

सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 703.04 अंक टूटके 75,688.35 पs पहुंच गइल। हालांकि, बाद में तनिका सुधार देखे के मिलल आ सबेरे करीब 9:20 बजे सेंसेक्स लगभग 450 अंक के गिरावट के संगे 75,940 अंक के आसपास कारोबार करत रहे।

ओही समय निफ्टी 203.25 अंक गिरके 23,666.35 पs पहुंच गइल। बाद में निफ्टी कुछ रिकवरी करत 23,745 अंक के आसपास कारोबार करे लागल।

रुपिया में मामूली मजबूती

शेयर बाजार में कमजोरी के बादो भारतीय रुपिया डॉलर के मुकाबले 15 पइसा मजबूत भइल। सुरुआती कारोबार में रुपिया 96.58 प्रति डॉलर पs पहुंच गइल।

बाजार में गिरावट के प्रमुख कारण

विशेषज्ञन के मोताबिक शेयर बाजार पs कइयन गो नकारात्मक कारण एक संगे असर डाल रहल बा।

  • पश्चिम एशिया में बढ़ल भू-राजनीतिक तनाव
  • ब्रेंट कच्चा तेल के कीमत में तेज बढ़न्ती
  • बिदेसी संस्थागत निवेशक (FII) के लगातार बिकवाली
  • कमजोर वैश्विक बाजार संकेत
  • तिमाही नतीजा से निवेशकन के खास उत्साह ना मिलल

विश्लेषक मानत बा लो कि जदि कच्चा तेल के कीमत ऊंच बनल रहल तs भारतीय शेयर बाजार पs आगहूं दबाव बनल रह सकेला।

वैश्विक बाजार में बा कमजोरी

  • दुनिया के प्रमुख शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल।
  • जापान के TOPIX करीब 1% नीचे रहल।
  • ऑस्ट्रेलिया के S&P/ASX 200 में 0.9% के गिरावट दर्ज भइल।
  • हांगकांग के हैंग सेंग करीब 1.3% टूट गइल।
  • शंघाई कंपोजिट इंडेक्स लगभग 1% नीचे कारोबार करत रहे।
  • हालांकि, S&P 500 Futures आ Euro Stoxx 50 Futures में खास बदलाव ना देखल गइल।

निवेशकन के 4 लाख करोड़ रुपिया डूबल

लगातार चार कारोबारी दिन से बाजार में बिकवाली के चलते निवेशकन के भारी नुकसान उठावे के पड़ल बा। बीएसई में सूचीबद्ध कंपनियन के कुल मार्केट कैप करीब 481 लाख करोड़ रुपिया से घटके 477 लाख करोड़ रुपिया से नीचे आ गइल बा। माने, मात्र कुछ कारोबारी दिन में निवेशकन के लगभग 4 लाख करोड़ रुपिया के संपत्ति साफ हो गइल बा।

आगे का हो सकेला?

बाजार विशेषज्ञन के माने के बा कि जब तक कच्चा तेल के कीमत, वैश्विक तनाव आ बिदेसी निवेशकन के बिकवाली पs रोक ना लागी, तब तक शेयर बाजार में उतार-चढ़ाव जारी रह सकेला। निवेशकन के सलाह दिहल जा रहल बा कि ऊ जल्दबाजी में फैसला लेवे के बजाय बाजार के इस्थिति पs नजर बनवले रखे लोग।

Read Also: India-Afganistan T20 Series : भारत में मेहमान बनी टीम इंडिया, दिल्ली में अफगानिस्तान करी 3 टी20 मैच के मेजबानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]