NEET Paper Leak : पीएम मोदी के बड़ एलान, पेपर लीक के सब ममिलन के फास्ट ट्रैक कोर्ट में होई सुनवाई

PM Modi Siliguri Rally: BJP Government Claim After May 4

Share

नई दिल्ली। नीट पेपर लीक विवाद के बीच प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी छात्र आ नवहा लोगन के हित में बड़ फैसला लेले बाड़ें। पीएम मोदी घोषणा कइले बाड़ें कि पेपर लीक के सब ममिला के अब फास्ट ट्रैक कोर्ट में सुनवाई होई, ताकि दोषियन के जल्दी से जल्दी कड़ा सजा मिल सके। एह फैसला के उद्देश्य नवहन के भविष्य सुरक्षित बनावल आ परीक्षा प्रणाली में भरोसा बहाल कइल बा।

फास्ट ट्रैक कोर्ट में होई सुनवाई

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें कि देस के जुवा आ विद्यार्थियन के भविष्य सरकार खातिर सबसे बड़ प्राथमिकता बा। ऊ कहलें कि पेपर लीक जइसन गंभीर अपराध में सामिल लोगन के जल्दी सजा दिलावे खातिर फास्ट ट्रैक कोर्ट के बेवस्था कइल जाई।

पीएम मोदी कहलें कि संबंधित विभागन के जरूरी कार्रवाई करे के निरदेस दे दिहल गइल बा, ताकि ममिला के जल्दी निपटारा हो सके।

नवहन के भविष्य से खिलवाड़ करे वाला के ना मिली राहत

प्रधानमंत्री साफ शब्दन में कहलें कि नवहन के भविष्य से खिलवाड़ करे वालन के कवनो हालत में बख्शल ना जाई। सरकार के मकसद बा कि दोषियन पs जल्दी कार्रवाई होखे आ परीक्षा बेवस्था में पारदर्शिता बनल रहे।

ऊ कहलें कि विद्यार्थियन के हित सुरक्षित रखे खातिर सरकार लगातार ठोस फैसला ले रहल बिया आ ई डेग ओही दिशा में एगो महत्वपूर्ण पहल बा।

नीट पेपर लीक पs जारी बा प्रदर्शन

दिल्ली के जंतर-मंतर पs कइयन गो दिनन से छात्र नीट पेपर लीक ममिला के लेके धरना-प्रदर्शन करत बाड़ें। प्रदर्शनकारी केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा के मांग करत बाड़ें। एह आंदोलन में कइयन गो विपक्षी दल छात्रन के समर्थन दे रहल बा।

सरकार के दावा- दोषियन पs होई सख्त कार्रवाई

पीएम मोदी के एलान के बाद सरकार साफ कs देले बिया कि पेपर लीक से जुड़ल हर ममिला में तेजी से कार्रवाई होई। दोषियन के खिलाफ कानूनी प्रक्रिया तेज कइल जाई आ फास्ट ट्रैक कोर्ट के माध्यम से जल्दिये फैसला सुनिश्चित कइल जाई।

सरकार के माने के बा कि एह डेग से परीक्षा बेवस्था में पारदर्शिता बढ़ी, दोषियन पs नकेल कसल जाई आ छात्र-नवहा लोगन के भरोसा मजबूत होई।

नवहन के भरोसा कायम रखला पs जोर

प्रधानमंत्री कहलें कि सरकार के प्राथमिकता बा कि मेहनत से पढ़े वाला छात्रन के न्याय मिले। एही खातिर पेपर लीक जइसन अपराध पs सख्त कार्रवाई कइल जाई आ दोषियन के कानून के माेताबिक कठोर सजा दिलावल जाई।

Read Also: DDU : प्रो. हिमांशु पांडेय विश्वविद्यालय कार्य परिषद के सदस्य बनलें, डीडीयू परिवार में खुसी के माहौल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-