कद्दू में छिपाके धइले रहे अइसन ‘सामान’, पुलिस ट्रक रोकवा के देखलस तs उड़ गइल होश

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2024

  असम राइफल्स अवुरी मणिपुर पुलिस बियफ़ें के कद्दू के भीतर छिपल साढ़े तीन करोड़ रुपिया के हेरोइन जब्त कs लेलस, जवना के पड़ोसी देश म्यांमार से तस्करी के आशंका बा। एगो सूचना के आधार

Share

 

असम राइफल्स अवुरी मणिपुर पुलिस बियफ़ें के कद्दू के भीतर छिपल साढ़े तीन करोड़ रुपिया के हेरोइन जब्त कs लेलस, जवना के पड़ोसी देश म्यांमार से तस्करी के आशंका बा। एगो सूचना के आधार पs सुरक्षा बल फ़िरज़ावल जिला के टिपाईमुख से दक्षिणी असम के कछार के ओर जात एगो पिकअप के जिरीबाम में रोक के दुगो ड्रग तस्कर – अब्दुल मन्नान मजूमदार अवुरी खलील उल्ला बारभुइया के गिरफ्तार कs लेलस।

निरीक्षण के बाद सुरक्षाकर्मी के 30 साबुन के डिब्बा में 363.45 ग्राम हेरोइन मिलल, जवन कि बाकी सब्जी के संगे पिकअप में लोड कद्दू में छिपल रहे। हिरासत में लिहल लोग आ जब्त मादक पदार्थ के आगे के कानूनी कार्रवाई खातिर जिरीबाम थाना के सौंप दिहल गइल बा।

एक करोड़ रुपिया के गांजा के पोहा के आड़ में छिपा के ले जाइल जात रहे।

बता दीं कि पिछला महीना मध्य प्रदेश के सागर जिला से अइसने एगो मामिला सामने आइल रहे जहाँ नारकोटिक्स कंट्रोल ब्यूरो (एनसीबी) एगो ट्रक से करीब 655 किलो गांजा बरामद कइले रहुवे आ दू गो तस्कर के गिरफ्तार कs लिहलस। गांजा के पोहा के आड़ में छिपा के ओडिशा से सागर ले आवल जात रहे। एनसीबी के टीम कार्रवाई करत गांजा अवुरी ट्रक के जब्त कs लेलस।

550 बोरा पोहा में 655 किलो गांजा मिली

एनसीबी के इंदौर इकाई के क्षेत्रीय निदेशक रितेश रंजन बतवले रहले कि गांजा के बरामद खेप ओडिशा के सोनपुर जिला से मध्य प्रदेश के सागर जिला में भेजल जाता अवुरी बाजार में एकर दाम करीब एक करोड़ रुपिया के अनुमान बा। मुखबिर के जानकारी पs एनसीबी के टीम सागर जिला के बंडा थाना क्षेत्र में एगो ट्रक के तलाशी लिहलस तs ओकरा में 550 बोरा पोहा के आड़ में छिपल करीब 655 किलो गांजा मिलल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.