सीएम के सिटी में एसडीएम के गाड़ी हो गईल सीज, इs देख के ऐक्शन में आईल गोरखपुर पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2024

सीएम योगी आदित्यनाथ के शहर गोरखपुर में पुलिस कार्रवाई में बिया। बियफ़ें के कैंट पुलिस नियम के खिलाफ निजी गाड़ी पs हूटर अवुरी स्टिकर लगा के गाड़ी चलावत डुमरियागंज के एसडीएम के गाड़ी जब्त कs

Share

सीएम योगी आदित्यनाथ के शहर गोरखपुर में पुलिस कार्रवाई में बिया। बियफ़ें के कैंट पुलिस नियम के खिलाफ निजी गाड़ी पs हूटर अवुरी स्टिकर लगा के गाड़ी चलावत डुमरियागंज के एसडीएम के गाड़ी जब्त कs लेलस। जांच के दौरान पुलिस जब गाड़ी के रोक देलस तs ड्राइवर पुलिस के बतवले कि इs एसडीएम के गाड़ी हs, लेकिन कैंट थाना एकरा के नियम के खिलाफ होखे के हवाला देत कार्रवाई कईलस। एसडीएम डॉ. संजीव कुमार दीक्षित गोरखपुर में तहसीलदार भी रह चुकल बाड़े।

एसएसपी के आदेश पs पुलिस लगातार ओ गाड़ी के खिलाफ कार्रवाई करतिया, जवन कि गलत तरीका से हूटर के इस्तेमाल करेले, नकली पास से गाड़ी चलावेले अवुरी पुलिस पिकअप के गाड़ी के डैश बोर्ड पs राखेले। एह मामिला में लगातार कार्रवाई चल रहल बा. फर्जी पास के मामिला में कैंट थाना में एगो पूर्व मंत्री के बेटा के खिलाफ भी मामिला दर्ज भईल। एही तरह के जांच के दौरान एगो फर्जी इंस्पेक्टर भी पकड़ल गईल।

बियफ़ें के एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई रेलवे जीएम कार्यालय के नजदीक से गुजरत रहले। एs दौरान उनुकर नजर एगो निजी कार पs पड़ल, जवना पs हूटर लगावल रहे। उs तुरंत गाड़ी रोक के कैंट पुलिस के फोन कईले। जब पुलिस पूछताछ कईलस तs ड्राइवर बतवले कि इs गाड़ी डुमरियागंज के एसडीएम के हs, जवन कि पहिले गोरखपुर के सदर तहसीलदार भी रहले।

नियम के मुताबिक गाड़ी ना चलावे के चलते पुलिस गाड़ी के जब्त कs लेले बिया। हालांकि पुलिस के कार्रवाई के बाद एसडीएम भी संपर्क कईले रहले लेकिन तब ले कार्रवाई हो चुकल रहे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.