[the_ad_group id="30365"]

SCO Summit : पीएम मोदी जिनपिंग से मिलवले हाथ, पूछलें हालचाल, शहबाज शरीफ ताकत रह गइलें

SCO Summit 2026: PM Modi Meets Xi Jinping
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। किर्गिस्तान के बिश्केक में आयोजित शंघाई सहजोग संगठन (SCO) के शिखर सम्मेलन के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग के मुलाकात भइल। 26वां एससीओ शिखर सम्मेलन में सामिल होत पीएम मोदी दुनिया के कइयन गो नेता लोगन के संगे ग्रुप फोटो में हिस्सा लेलें।

ग्रुप फोटो के बाद जब नेता लोग उहां से बाहर जाये लागल, तs पीएम मोदी आ शी जिनपिंग एक-दूसरा से बातचीत करत नजर आइल लो। दुनो नेता एक संगे कुछ दूर तक चलल लो आ एक-दूसरा के हालचाल पूछल।

एह दौरान ग्रुप फोटो में सामिल पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ उहवें मवजूद रहलें। वीडियो में ऊ हाथ बंधले खड़ा दिखाई देत रहलें।

पीएम मोदी आ जिनपिंग के बीच मुस्कुरात बातचीत

समाचार एजेंसी एएनआई के जारी वीडियो में देखाई दे रहल बा कि एससीओ सम्मेलन में सामिल विश्व नेता लोग फोटो खिंचावे खातिर एक संगे खड़ा रहल।

फोटो सेशन पूरा भइला के बाद नेता लोग बाहर निकले लागल। एही दौरान पीएम मोदी आ शी जिनपिंग के बीच बातचीत भइल। दुनो नेता मुस्कुरात एक-दूसरा से बात करत नजर अइलें।

ग्रुप फोटो में पीएम मोदी के बगल में ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन खड़ा रहलें। जबकि पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के बगल में खड़ा दिखाई देलें।

एससीओ सम्मेलन से एक दिन पहिले पुतिन से मिलल रहलें पीएम मोदी

एससीओ शिखर सम्मेलन से एक दिन पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन से मुलाकात कइले रहलें। दुनो नेता के बीच बातचीत में रूस-यूक्रेन युद्ध के मुद्दा प्रमुख रहल। पीएम मोदी युद्ध खतम करे आ बातचीत के माध्यम से विवाद के समाधान खोजे के जरूरत पs जोर देले रहलें।

गलवान घाटी के घटना के बाद तनावपूर्ण रहल बा भारत-चीन संबंध

भारत आ चीन के संबंध में साल 2020 के बाद से तनाव देखे के मिलल बा। जून 2020 में लद्दाख के गलवान घाटी में भारत आ चीन के सैनिकन के बीच हिंसक झड़प भइल रहे। एह घटना के बाद सीमा पs सैन्य तनाव बढ़ गइल आ दुनो देसन के आपसी संबंध पs एकर असर पड़ल।

सीमा विवाद के समाधान खातिर भारत आ चीन के बीच कइयन दौर के सैन्य आ कूटनीतिक बातचीत भइल बा। हालांकि, सीमा से जुड़ल मुद्दा अभियो दुनो देसन के संबंध में एगो महत्वपूर्ण चुनौती बनल बा।

पीएम मोदी-जिनपिंग मुलाकात पs टिकल नजर

एससीओ शिखर सम्मेलन के दौरान पीएम मोदी आ शी जिनपिंग के बीच भइल बातचीत पs दुनो देसन के नजर टिकल बा। गलवान घाटी के घटना के बाद भारत-चीन संबंध में कइयन गो बदलाव आइल बा।

अइसन में दुनो देस के शीर्ष नेता लोगन के बीच अनौपचारिक बातचीत आ मुलाकात के कूटनीतिक नजरिया से महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।

Read Also: GDP Growth : पीएम मोदी कहलें- दुनिया संकट से घिरल बा, तबो भारत 7.8% विकास दर हासिल कइलस, आत्मनिर्भर बनल जरूरी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]