हवा भइल जहरीला, दिल्ली में 11वीं क्लास ले के सभ स्कूल बंद, रोहतक में प्राइमरी के छुट्टी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2024

  दिल्ली में हवा जहरीला हो रहल बा, बढ़त प्रदूषण के बीच ग्रैप 4 पs रोक लगा दिहल गइल बा। प्रदूषण के देखत राजधानी दिल्ली में बारहवीं के छोड़ के बाकी सभ क्लास के स्कूल

Share

Delhi Air Pollution

 

दिल्ली में हवा जहरीला हो रहल बा, बढ़त प्रदूषण के बीच ग्रैप 4 पs रोक लगा दिहल गइल बा। प्रदूषण के देखत राजधानी दिल्ली में बारहवीं के छोड़ के बाकी सभ क्लास के स्कूल बंद करे के आदेश जारी कईल गईल बा। मुख्यमंत्री आतिशी एगो आदेश जारी कs कहली कि सोमार से ग्रैप-4 लागू होखला के बाद 12वीं के छोड़ के बाकी सभ छात्र खातीर फिजिकल क्लासेस बंद हो जाई। आगे के आदेश ले सभ स्कूल में ऑनलाइन क्लास चलावल जाई।

सरकारी आदेश जारी 

दिल्ली के नौवीं आ ग्यारहवीं कक्षा ले के सभ छात्र के फिजिकल क्लासेस 18.11.2024 (सोमार) से आगे के आदेश ले बंद रही। स्कूल प्रमुख के भी निर्देश दिहल गईल बा कि अगिला तारीख तक एs कक्षा के छात्र खातीर ऑनलाइन मोड में कक्षा सुनिश्चित कईल जाए

बता दीं कि दिल्ली में एक्यूआई अतवार के दिने 500 हो गइल बा आ एकरा के वायु प्रदूषण के अधिकतम स्तर कहल जा सकेला. एकरा के देखत सोमार से ग्रैप-4 के प्रतिबंध लागू करे के घोषणा कईल गईल बा। जवना के बाद दिल्ली सरकार सभ स्कूल बंद करे के फैसला कईलस। हालांकि बोर्ड के परीक्षा के देखत दसवीं आ बारहवीं कक्षा के विद्यार्थियन खातिर स्कूल खोल दिहल गइल बा. एकरा अलावे बाकी सभ क्लास ऑनलाइन चलावल जाई।  ग्रैप-4 में सरकारन के कॉलेज आ शैक्षणिक संस्थानन के बंद करे के सिफारिश भी कइल गइल बा।

रोहतक में एक्यूआई 570 हो गइल, स्कूल बंद

हरियाणा में पिछला साल के मुकाबले किसानन के पराली जरावे में चालीस फीसदी कमी के बावजूद हवा जहरीला बनल बा. आसमान में धूल आ धुँआ के बादल बा।

रोहतक शहर में एक्यूआई 442 हो गइल बा जबकि रोहतक के मांडोठी गाँव में एक्यूआई 570 हो गइल बा. एकरा के देखत रोहतक जिला उपायुक्त जिला के सभ निजी अवुरी सरकारी स्कूल के प्राथमिक वर्ग के बच्चा के आगे के आदेश तक छुट्टी बढ़ावे के आदेश जारी कईले बाड़े।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.