Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘स्कूल चलो अभियान’ में कई गो बा मुश्किल

सामने आ रहल बा कई तरह के मामला

184

हर बच्चा स्कूले पहुंचे, एकरे खातिर ‘स्कूल चलो अभियान’ चल रहल बा। गोरखपुर के सरकारी स्कूल के टीचर अपने-अपने इलाके में जाकर लोग के जागरूक कs रहल बानें कि ऊ अपने बचवन के स्कूल भेजें। अभियान में जाए वाले टीचर बतवनें कि जौन बचवे मजदूरी में लाग जाने सब, ओ सभन के स्कूल ले लेआवल टेंढ़ खीर बा। घरवाले भी बचवन से पइसा पावे लागेने। एहलिए ऊ नाइ चाहेंने कि उनकर बच्चा पढ़े।

बच्चे एहलिए नाइ आ पावेने स्कूल

  • कई बच्चा बड़ हो गइल बानें, अब ओ सभन के स्कूल अइले में अजीब लग रहल बा।
  • बचवन के खेत अउर भट्ठा पर मजदूरी खातिर लगा दिहल गइल बा।
  • बच्चवन के परिवार वाले घुमंतु टाइप होने, आज ईहां कल दूसरा जगह चल जाने लोग।
  • परिवार के सरकार के स्कीम के पता भी नाइ होला।
  • परिवार के पैसा दिखे लागsला, ऊ एहलिए उनके स्कूल नाइ भेजेने।
246650cookie-check‘स्कूल चलो अभियान’ में कई गो बा मुश्किल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.