अयोध्या: राम मंदिर परिसर में लागे जा रहल बा 2 गो नया प्रतिमा, जानीं अब केकर दर्शन मिली

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2025

अयोध्या में स्थित राम मंदिर देश-दुनिया के श्रद्धालु लोग के आकर्षण के केंद्र हs आ इहाँ हर समय भक्तन के भारी भीड़ रहेला। ओने खबर मिलल बा कि राम मंदिर परिसर में दू गो नया

Share

अयोध्या में स्थित राम मंदिर देश-दुनिया के श्रद्धालु लोग के आकर्षण के केंद्र हs आ इहाँ हर समय भक्तन के भारी भीड़ रहेला। ओने खबर मिलल बा कि राम मंदिर परिसर में दू गो नया मूर्ति लगावे जा रहल बा. श्री राम मंदिर निर्माण समिति के अध्यक्ष नृपेन्द्र मिश्रा जी इs जानकारी देले बानी। 

केकर प्रतिमा लगावल जाई?

नृपेन्द्र मिश्र 23 मार्च के ट्रस्टी आ इंजीनियर के टीम के साथे राम मंदिर के निर्माण कार्य के निरीक्षण कइले। समिति खुद मंदिर परिसर में दुगो विशेष प्रतिमा लगावे के फैसला कईले बिया। एह में एगो प्रतिमा जटायू के बा आ दूसरका मूर्ति गिलहरी के बा।  जटायू के मूर्ति कुबेर टीला में लगावल गईल बा।  उहाँ गिलहरी के मूर्ति लगावल जाई। 

नृपेन्द्र मिश्र के बयान सामने आईल नृपेंद्र मिश्रा कहले कि, ‘जवन भी मंदिर के भवन बनता, उs मौका पs देखाई देता अवुरी जईसे कि आप लोग जानतानी कि साल 2025 तक मंदिर अवुरी मंदिर परिसर के सभ निर्माण के काम पूरा करे के लक्ष्य बा, जवन कि निर्माण समिति के जिम्मेदारी बा। जवन भी भवन निर्माणाधीन बा उs सब अंतिम चरण में बा। शिखर समेत मंदिर के निर्माण अप्रैल में पूरा होखे के उम्मेद बा। इहो उमेद बा कि सप्त मंदिर से जुड़ल काम पूरा हो जाई आ ओहिजा मूर्ति लगावल जाई.’

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.