Lucknow Airport पs लैंडिंग के दौरान Saudi Airlines के विमान में आईल खराबी, पहिया से निकलत दिखल चिंगारी आ धुआं

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2025

सऊदी एयरलाइंस के एगो विमान लखनऊ हवाई अड्डा पs उतरत घरी तकनीकी खराबी हो गइल. विमान के पहिया से चिंगारी अवुरी धुआं निकले लागल। एह घटना से दहशत मच गईल। गनीमत रहल कि समय रहते

Share

सऊदी एयरलाइंस के एगो विमान लखनऊ हवाई अड्डा पs उतरत घरी तकनीकी खराबी हो गइल. विमान के पहिया से चिंगारी अवुरी धुआं निकले लागल। एह घटना से दहशत मच गईल। गनीमत रहल कि समय रहते सगरी यात्रियन के सुरक्षित निकाल दिहल गइल आ फायर ब्रिगेड के टीम आग पs काबू पा लिहलस.

जानकारी के मुताबिक, अतवार के सबेरे लखनऊ के चौधरी चरण सिंह हवाई अड्डा पs उतरत घरी 250 हज तीर्थयात्री के लेके सऊदी एयरलाइंस के विमान के लैंडिंग गियर में तकनीकी खराबी हो गईल। पहिया से चिंगारी अवुरी धुआं निकलत देख पायलट विमान के रोक के एयर ट्रैफिक कंट्रोल के सूचना देले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.