Saran Train Accident : खेलत-खेलत रेलवे ट्रैक पs पहुंचलें जुड़वां भाई, लिच्छवी एक्सप्रेस के चपेट में अइला से दुनु मासूमन के मौत

Share

सारण। बिहार के सारण जिला से एगो बेहद दुखद खबर सामने आइल बा। इहां रेल दुर्घटना में खेलत-खेलत रेलवे ट्रैक पs पहुंचल पांच साल के जुड़वां भाई सूरज आ सागर के लिच्छवी एक्सप्रेस के चपेट में आ गइला से मौत हो गइल। एह हृदयविदारक हादसा के बाद पूरा गांव शोक में डूबल बा आ परिवार पs दुख के पहाड़ टूट पड़ल बा।

दाउदपुर चट्टी गांव में भइल दर्दनाक हादसा

ई घटना सनिचर के सबेरे दाउदपुर थाना क्षेत्र के दाउदपुर चट्टी गांव में भइल। मृत लईकन के पहचान भूखल नट के पांच साल के जुड़वां बेटा सूरज आ सागर के रूप में भइल बा। जानकारी के मोताबिक, दुनु लईका सबेरे घर पs नाश्ता कइला के बाद खेलत-खेलत बाहर निकल गइलें। खेल-खेल में ऊ लोग रेलवे ट्रैक तक पहुंच गइल।

लिच्छवी एक्सप्रेस के चपेट में आ गइले सs दुनू लईका

ओही दौरान 14005 लिच्छवी एक्सप्रेस छपरा से दिल्ली जाये के क्रम में ओह रेलखंड से गुजरत रहे। रेलवे ट्रैक के नजदीक मवजूद दुनु मासूम ट्रेन के चपेट में आ गइल लाेग। हादसा एतना भीषण रहे कि दुनु लईकन के मौत घटनास्थले पs हो गइल। घटना के जानकारी मिलते गांव के लोग बड़ संख्या में जुट गइल।

परिवार पs टूट पड़ल दुख के पहाड़

मृत लईकन के पिता भूखल नट मजदूरी करे के संगे लकड़ी काटे के काम करेलें। परिवार में तीन बेटा आ दूगो बेटी रहे लोग। एह हादसा में एके संगे दुनु जुड़वां बेटा के मौत होखला से परिवार पूरा तरे टूट गइल बा। मां सहित पूरा परिवार के रो-रोके बुरा हाल बा। गांव के लोग परिवार के ढांढस बंधावे में लागल बा।

पोस्टमार्टम करावे से परिवार के इनकार

घटना के सूचना मिलते जीआरपी पुलिस मवका पs पहुंचल आ जांच सुरू कइलस। हादसा में लईकन के शव बुरा तरे क्षत-विक्षत हो गइल रहे। एह इस्थिति के देखत परिवार पोस्टमार्टम करावे आ सरकारी सहायता लेवे से इनकार कs देलस। फिलहाल पुलिस आ स्थानीय जनप्रतिनिधियन के मवजूदगी में जरूरी कानूनी प्रक्रिया पूरा कइल जा रहल बा।

Read Also: IND vs ENG 3rd ODI : भारत-इंग्लैंड के आखिरी वनडे कब, कहां आ कइसे देखल जा सकी? जानीं मैच के पूरा डिटेल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-