समाजवादी पार्टी MLC चुनाव में डॉ० कफील खान के उतरलस, गोरखपुर ऑक्सीजन कांड में रहे नाव

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2022

देवरिया-कुशीनगर सीट से सपा के उम्मीदवार होइहे डॉ० कफील खान उत्तर प्रदेश में आवे आला एमएलसी चुनाव में सब पार्टी जोर शोर से लागल बा, एही क्रम में देवरिया – कुशीनगर सीट से समाजवादी पार्टी

Share

देवरिया-कुशीनगर सीट से सपा के उम्मीदवार होइहे डॉ० कफील खान

उत्तर प्रदेश में आवे आला एमएलसी चुनाव में सब पार्टी जोर शोर से लागल बा, एही क्रम में देवरिया – कुशीनगर सीट से समाजवादी पार्टी (सपा) डॉ० कफील खान के आपन उम्मीदवार घोषित कइलस। 2017 के अगस्त महीना में गोरखपुर के बीआरडी मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में ऑक्सीजन के सप्लाई में बाधा आ गइला से लगभग 60 बच्चन के मौत के ममिला में गिरफ्तार होखला के बाद से खान यूपी सरकार के संगे विवाद में रहत आइल बाड़े।

9 महीना जेल में रहे के पडल रहे, गोरखपुर ऑक्सीजन कांड में 

बाल रोग विशेषज्ञ डॉ० खान के निलंबन के संगे – संगे इलाहाबद हाईकोर्ट से जमानत मिले से पहिले 9 महीना जेल में रहे के पड़ल रहे।

2021 में बर्खास्त कs देहल गइल रहे

जुलाई 2019 में बहराइच जिला अस्पताल में डॉक्टरन से दूर्व्यवहार करे आ मरीजन के परेसान करे के ममिला में दोबारा निलंबित कs देहल गइल रहे। नवंबर 2021 में यूपी सरकार गोरखपुर ऑक्सीजन त्रासदी के जांच का आधार पs उनका के सेवा से बर्खास्त कs देले रहे। एही ममिला में निलंबित 7 गो आउर डॉक्टर लो के बहाल कs देहल गइल बा।

सपा में सामिल होखे के अटकल रहे तेज

हाले फिलहाल में अखिलेश यादव से भेंट आ उनका के आपन किताब के एगो कापी भेंट  कइला के बाद से खान के सपा ने सामिल होेखे के लेके अटकल तेज हो गइल। 36 गो एमएलसी  सीट ला एके संगे 9 अप्रिल के वोटिंग आ 12 अप्रिल के काउंटिंग होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.