Samsung के 200MP कैमरा वाला अल्ट्रा 5G फोन पs भारी डिस्काउंट, 12GB तक RAM आ स्नैपड्रेगन प्रोसेसर

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2026

नई दिल्ली। जदि रउआ बहुत दिन से सैमसंग के प्रीमियम स्मार्टफोन किने के सोचत बानी, तs सैमसंग गैलेक्सी S26 Ultra 5G रउआ खातिर बढ़िया ऑप्शन हो सकेला। खास बात ई बा कि अभी एह फोन

Share

नई दिल्ली। जदि रउआ बहुत दिन से सैमसंग के प्रीमियम स्मार्टफोन किने के सोचत बानी, तs सैमसंग गैलेक्सी S26 Ultra 5G रउआ खातिर बढ़िया ऑप्शन हो सकेला। खास बात ई बा कि अभी एह फोन पs लगभग 17 फीसदी के सीधा छूट मिल रहल बा, जवना से ग्राहकन के अच्छा फायदा हो सकेला।

ई स्मार्टफोन में कइयन गो जबरदस्त फीचर दिहल गइल बा। फोन में 200 मेगापिक्सल के दमदार कैमरा, 12GB तक रैम, स्नैपड्रेगन प्रोसेसर आ एंड्रॉयड 16 जइसन फीचर्स सामिल बा। एकरा अलावा ग्राहकन खातिर बैंक ऑफर आ नो कोस्ट ईएमआई के सुविधा उपलब्ध बा, जवना से फोन किनल आउर आसान हो गइल बा।

सैमसंग गैलेक्सी S26 Ultra 5G के कीमत के बात करीं तs एकर सुरुआती दाम 1,39,999 रुपिया बा। बाकिर ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म अमेजन पs ई फोन अभी करीब 1,16,490 रुपिया में मिल रहल बा। मतलब ग्राहकन के लगभग 17 प्रतिशत तक के सीधा डिस्काउंट मिल रहल बा।

एह फोन पs कैशबैक ऑफरो बा। जदि ग्राहक अमेजन पे, आईसीआईसीआई बैंक क्रेडिट कार्ड से भुगतान करी, तs करीब 3,494 रुपिया तक के अतिरिक्त छूट मिल सकेला। संगही ई फोन नो कॉस्ट ईएमआई विकल्प पs उपलब्ध बा, जवना के मासिक किस्त करीब 3,036 रुपिया से सुरू होत बा।

स्पेसिफिकेशन के बात करीं तs सैमसंग गैलेक्सी S26 Ultra 5G में दमदार स्नैपड्रेगन 8 Elite Gen 5 प्रोसेसर दिहल गइल बा। कंपनी के दावा बा कि ई दुनिया के पहिलका फोन बा जवन इन-बिल्ट प्राइवेसी डिस्प्ले फीचर के संगे आवत बा। एह फोन में 6.9 इंच के शानदार अमोल्ड डिस्प्ले मिलेला।

फोटोग्राफी खातिर फोन में अपग्रेडेड 200MP कैमरा सिस्टम दिहल गइल बा। संगही, फोन में ऑन-डिवाइस एजेंटिक एआई टूल्स सामिल बा, जवन रोजाना के काम के उर आसान बनावे में मदद करी।

Read Also: Modi Government : मोदी सरकार में पहिलका बेर मंत्रियन के रिव्यू, जानीं कवना मंत्रालय के मिलल कवन रैंकिंग?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.