समीर खाखर के निधन : ‘नुक्कड़’ फेम समीर खाखर के निधन, शराबी बन के भइलन हिट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 16, 2023

  समीर खाखर के निधन : ‘नुक्कड़’ फेम समीर खाखर के निधन, शराबी बन के भइलन हिट देश के सुप्रसिद्ध हास्य कलाकार समीर खाखर के निधन हो गइल बा| टीवी सीरियल में शराबी के यादगार

Share

 

समीर खाखर के निधन : ‘नुक्कड़’ फेम समीर खाखर के निधन, शराबी बन के भइलन हिट

देश के सुप्रसिद्ध हास्य कलाकार समीर खाखर के निधन हो गइल बा| टीवी सीरियल में शराबी के यादगार भूमिका खातिर उनुका के जानल जात रहे| छोट परदा पे ऊ खोपड़ी के किरदार के नाम से बहुते लोकप्रिय भइलन | उनुकर भाई गणेश कक्कर इ जानकारी मीडिया के देले बाड़े।

1986 मे टीवी सीरियल: ‘नुक्कड़’ में ऊ आपन यादगार भूमिका निभवले रहले| समीर 2 दर्जन से अधिका फिलिमन में अलग अलग किरदार निभवले रहले| एकरा साथे साथ ऊ आधा दर्जन से अधिका धारावाहिकन में काम कइले बाड़न| समीर मनोरंजन, नया नुक्कड, श्रीमान श्रीमती, अदलत आ संजीवनी जइसन धारावाहिकन में बहुते किरदार निभवले रहलें| सड़क नाटक के संगे-संगे शाहरुख खान के संगे ‘सर्कस’ नाम के एगो टीवी सीरियल में भी काम कईले बाड़े। एकरा अलावे वेब सीरीज ‘सनफ्लावर’ अउरी साल्ट पुराना प्यार में भी काम कईले बाड़े।

समीर के जनम 9 अगस्त 1952 के भइल रहे। कई गो फिलिमन में शराबी के किरदार भी निभवले बाड़न। फिल्म राजाबाबू में अमावस के किरदार भी यादगार बतावल जाता। एकरा अलावे दिलबर, दिलवाले, ईना मीना डीका, आतंक ही आतंक, जवाब हम देंगे, मेरा शिकार, शहंशाह, गुरू, परिंदा,, रखवाला जईसन कई गो फिलिमन में काम कईले रहले।

1984 से 1998 तक टीवी सीरियल आ फिल्म के दुनिया में बहुत सक्रिय रहले। एकरा बाद कुछ साल के ब्रेक के बाद उ फेर से परदा प उतरले अउरी 2013 से दर्शक अउरी अपना प्रशंसक के जीवन भर मनोरंजन करत रहले।

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.