Sambhal Violence: एक्शन में अखिलेश यादव, संभल में भेजिहें 12 नेता कुल के डेलिगेशन, देखीं लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

  संभल में भइल हिंसा में चार लोग के मउत हो गइल बा आ भारी संख्या में लोग घवाहिल भी हो गइल बा। अब समाजवादी पार्टी के अखिलेश यादव अपना 12 गो नेता लोग के

Share

समाजवादी पार्टी

 

संभल में भइल हिंसा में चार लोग के मउत हो गइल बा आ भारी संख्या में लोग घवाहिल भी हो गइल बा। अब समाजवादी पार्टी के अखिलेश यादव अपना 12 गो नेता लोग के एगो प्रतिनिधिमंडल संभल भेजिहें.

अखिलेश यादव के निर्देश के मुताबिक आज समाजवादी पार्टी के प्रतिनिधिमंडल संबल जाके उहाँ भईल हिंसा के जानकारी एकट्ठा कs के राष्ट्रीय अध्यक्ष के रिपोर्ट देवे के होई।

सोशल मीडिया के माध्यम से एs प्रतिनिधिमंडल के बारे में जानकारी देत ​​सपा लिखले कि, ‘माननीय राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री अखिलेश यादव के निर्देश के मुताबिक समाजवादी पार्टी के प्रतिनिधिमंडल संभल जाके उहाँ भईल हिंसा के जानकारी एकट्ठा करी अवुरी रिपोर्ट के राष्ट्रीय अध्यक्ष के रिपोर्ट सौंपी।’ सपा के एह प्रतिनिधिमंडल में विधानसभा में विपक्ष के नेता माता प्रसाद पांडेय समेत 12 गो नेता शामिल बाड़े.

*माता प्रसाद पांडे, नेता प्रतिपक्ष, विधानसभा

*लाल बिहारी यादव, नेता प्रतिपक्ष, विधान परिषद

*जावेद अली, राज्यसभा सांसद

*हरिंदर मलिक, लोकसभा सांसद

*रुचि वीरा, लोकसभा सांसद

*जिया उर रहमान बर्क, लोकसभा सांसद

*नीरज मौर्य, लोकसभा सांसद

*नवाब इक़बाल, विधायक

*पिंकी यादव, विधायक

*कमाल अख़्तर, विधायक

*जयवीर यादव, जिलाध्यक्ष मुरादाबाद

*शिवचरण कश्यप, जिलाध्यक्ष बरेली

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.