Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराणा प्रताप के मूर्ति पs चढ़ले सपा समर्थक, सीएम योगी बोलले- परिवारवादी पार्टियन से का उम्मीद करत बानी!

323

 

 

 

लोकसभा चुनाव के देखत दु चरण के मतदान खतम हो गईल बा। तीसरा चरण के मतदान 7 मई के होई। 5 जून के तीसरा चरण खातिर चुनाव प्रचार बंद हो जाई। चुनाव के नतीजा चार जून के आवे वाला बा। एही बीच सीएम योगी आदित्यनाथ समाजवादी पार्टी, कांग्रेस अवुरी बाकी विपक्षी दल के निशाना बनवले बाड़े। कहलन कि एह परिवारवादी दलन से रउरा का उमेद बा. उs लोग सिर्फ अपना परिवार ले सीमित बाड़े। कांग्रेस होखे, नेशनल कॉन्फ्रेंस होखे भा समाजवादी पार्टी, इनकर कवनो राष्ट्रीय एजेंडा नईखे। एक ओर ई गठबंधन राष्ट्रीय नायकन के अपमान करेला तs दोसरा ओर माफिया आ आतंकी तत्वन के प्रोत्साहित करेला.

विपक्षी दलन पs नाराज सीएम योगी आदित्यनाथ

सीएम योगी आदित्यनाथ कहले कि अबे कुछ दिन पहिले जब एगो कुख्यात माफिया के मउत हो गईल रहे तs समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष शोक जतावे गईल रहले, लेकिन जब राम जन्मभूमि आंदोलन चलत रहे तs राम भक्त के संगे उनुकर व्यवहार कईसन रहे? काल्हु समाजवादी पार्टी के नेता जवना तरह से राष्ट्रीय नायक महाराणा प्रताप के मूर्ति के प्रति अनादर आ तिरस्कार के व्यवहार कइलन ऊ निंदा करे लायक बा. राहुल गांधी महाराष्ट्र में भी अयीसने कईले, जहां उनुकर एगो समर्थक उनुका के छत्रपति शिवाजी के मूर्ति देत रहले, बाकिर उs मूर्ति लेवे से इनकार कs देले। ई आतंकवादी राष्ट्रीय नायक के सम्मान ना करीहें बलुक पाकिस्तान के महिमामंडन करीहें.

महाराणा प्रताप के मूर्ति पs सपा समर्थक चढ़ले

दरअसल, शनिवार के समाजवादी पार्टी के प्रमुख अखिलेश यादव मैनपुरी में रोड शो कईले। एह दौरान उहाँ मौजूद समाजवादी पार्टी के समर्थक अशोभनीय नारा लगा के महाराणा प्रताप के मूर्ति पs चढ़ले। एकर वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो में समर्थक लोग के अश्लील नारा लगावत अवुरी महाराणा प्रताप के मूर्ति पs चढ़त देखल जा सकता। पुलिस एs मामला में प्राथमिकी दर्ज करवले बिया। हाल ही में राहुल गांधी चुनावी रैली करे खातिर महाराष्ट्र पहुंचल रहले। इहाँ उनुका के छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति दिहल गईल। एs संबंध में जवाब देत सीएम योगी आदित्यनाथ विपक्षी दल के निशाना बनवले बाड़े।

 

 

814720cookie-checkमहाराणा प्रताप के मूर्ति पs चढ़ले सपा समर्थक, सीएम योगी बोलले- परिवारवादी पार्टियन से का उम्मीद करत बानी!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.