[the_ad_group id="30365"]

Breaking News: सैफ अली खान के घर में घुसके चाकू से हमला, लीलावती अस्पताल में भर्ती भइले स्टार

सैफ अली खान के घर में घुसके चाकू से हमला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड स्टार सैफ अली खान पs तेज चाकू से हमला भइल बा. आरोपी सैफ अली खान के घर में घुस के चाकू मारे के कोशिश कईले। एह हमला में सैफ अली खान घवाहिल हो गइल बाड़न. जवना के बाद उनुका के मुंबई के लीलावती अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। पुलिस मामला दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया। 

इहो पढ़ीं:Mahakumbh 2025:महाकुंभ में अमिताभ बच्चन कइले स्नान? ट्वीट देख कन्फ्यूज भइले फैन

करीना आ लइका सुरक्षित
सैफ के पत्नी अभिनेत्री करीना कपूर अवुरी उनुकर बच्चा सुरक्षित बाड़े। परिवार अबे ले एs घटना के बारे में कवनो आधिकारिक बयान नईखे जारी कईले। एही बीच घटना के बाद चोर फरार बा। मुंबई पुलिस आ क्राइम ब्रांच के टीम ओकरा के पकड़े में व्यस्त बिया. घर के आसपास लगावल सीसीटीवी फुटेज के जांच कईल जाता।

इहो पढ़ीं : फेमस डायरेक्टर के निधन, परिवार के संगे छुट्टी मनावे गइल रहले गोवा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]