[the_ad_group id="30365"]

फेमस डायरेक्टर के निधन, परिवार के संगे छुट्टी मनावे गइल रहले गोवा

मंजुल सिन्हा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीवी इंडस्ट्री के मशहूर आ बड़का निर्देशकन में से एगो मंजुल सिन्हा अब नइखन. मंजुल सिन्हा के निधन हो गइल बा. उs गोवा में आपन आखिरी साँस लेहले। मंजुल अपना परिवार के संगे छुट्टी मनावे गईल रहले, बाकिर उनुका परिवार के खुशी शोक में बदल गईल जब निर्देशक के अचानक दिल के दौरा पड़ गईल। परिवार मेडिकल मदद करावे के कोशिश कईलस, बाकिर जब तक डायरेक्टर के मेडिकल मदद मिलल तब तक उनुकर मौत हो चुकल रहे।

मनोरंजन जगत में शोक के लहर

मंजुल सिन्हा के अचानक निधन के चलते मनोरंजन जगत में शोक के लहर उठल बा। कई गो सेलेबस सोशल मीडिया के माध्यम से मंजुल सिन्हा के निधन पs शोक जतवले अवुरी शोकाकुल परिवार के दिलासा देले। दोसरा तरफ निर्देशक के निधन के चलते निर्देशक के परिवार सदमा में बा.

मंजुल सिन्हा के याद में साझा पोस्ट
अशोक पंडित मंजुल सिन्हा के निधन पs दुख जतावत एगो पोस्ट शेयर कईले। एहमें ऊ मंजुल सिन्हा के आपन ‘फिल्म गुरु’ बतवले आ निर्देशक के खोवे पs दुख जतवले. मंजुल सिन्हा के अंतिम संस्कार गोवा में हो चुकल बा। मुंबई अइला के बाद दिवंगत निर्देशक के परिवार उनुका खातिर शोक सभा के आयोजन करी जवना में उनुकर इंडस्ट्री के दोस्त आ साथी कलाकार उनुका के श्रद्धांजलि देबे अइहें.

इहो पढ़ीं : Sudip Pandey Death: मशहूर भोजपुरी एक्टर सुदीप पांडे के निधन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]