Mahakumbh 2025:महाकुंभ में अमिताभ बच्चन कइले स्नान? ट्वीट देख कन्फ्यूज भइले फैन

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 16, 2025

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाकुंभ 2025 मेला शुरू हो गइल बा। देश-दुनिया के लाखों लोग पवित्र संगम में आस्था के डुबकी लगावे खातिर प्रयागराज पहुंच रहल बाड़े। जल्दिए बॉलीवुड के बहुत हस्ती भी महाकुंभ

Share

अमिताभ बच्चन

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाकुंभ 2025 मेला शुरू हो गइल बा। देश-दुनिया के लाखों लोग पवित्र संगम में आस्था के डुबकी लगावे खातिर प्रयागराज पहुंच रहल बाड़े। जल्दिए बॉलीवुड के बहुत हस्ती भी महाकुंभ मेला के हिस्सा बन जईहे। रणबीर कपूर से लेके आलिया भट्ट से लेके बॉलीवुड के शहंशाह अमिताभ बच्चन महाकुंभ के हिस्सा होखीहें. ओने अमिताभ बच्चन महाकुंभ से जुड़ल एगो ट्वीट कइले बाड़न जवन वायरल हो रहल बा. एह ट्वीट से बिग बी के प्रशंसक भी तनिका उलझन में पड़ गईल बाड़े।

चर्चा में अमिताभ बच्चन के ट्वीट
अमिताभ बच्चन एह पs ट्वीट कइले बाड़न अमिताभ बच्चन के ट्वीट में उs लिखले – ‘महाकुंभ स्नान भवः’। बिग बी के ई ट्वीट अब वायरल हो गइल बा आ एकरा के देखला के बाद प्रशंसक असमंजस में बाड़े कि का शहंशाह भी संगम में नहा लिहले बाड़न.

अमिताभ बच्चन के पोस्ट पर यूजर्स के रिएक्शन
अमिताभ बच्चन के एs ट्वीट पs एक्स यूजर कड़ा प्रतिक्रिया दे रहल बाड़े। केहू उनका के ठंड से बचे के सलाह दिहलस तs केहू खुशी जतवलस। प्रयागराज में भारी भीड़ के हवाला देत कुछ लोग घर में रहे के सलाह देले। पोस्ट पs कमेंट करत एगो यूजर पूछले- ‘गइल बानी कि ना?’ एगो अउरी लिखले बा – ‘आस्था के महाकुंभ में अमृत के पवित्र स्नान पs रउआ बच्चन जी के बहुत बहुत बधाई।’ बिग बी के स्वास्थ्य के चिंता जतावत एगो लिखले कि – ‘सर, ठंड से बच के ही नहाई।’

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.