Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सहारा ग्रुप के एगो अउरी संपत्ति आधिकारिक तौर प बेचल गइल, सहारा अस्पताल के नाम बदल के मैक्स सुपर स्पेशलिटी अस्पताल क दिहल गइल

794

सहारा अस्पताल आधिकारिक तौर पर 940 करोड़ में बिकाइल।

मैक्स ग्रुप लखनऊ में 2500 करोड़ रुपया के निवेश करी : अब सहारा अस्पताल के मैक्स सुपर स्पेशलिटी के नाम से जानल जाई, 500 बेड वाला एगो अउरी अस्पताल बनाई।

लखनऊ के गोमतीनगर के सहारा अस्पताल के जिम्मा लेला के बाद मैक्स ग्रुप अब एकरा के अपग्रेड करे जा रहल बा। एकरा अलावे शहीद पथ के लगे 5 एकड़ जमीन प अलगा-अलगा 500 बेड वाला एगो नाया अस्पताल भी बनावल जाई। एकरा खातीर राजधानी लखनऊ में कुल 2500 करोड़ रुपया के निवेश करे के तैयारी बा।

इ जानकारी मंगलवार के लखनऊ के सहारा अस्पताल परिसर में मैक्स हेल्थकेयर ग्रुप के प्रबंध निदेशक डॉ. अभय सोई देले। उ एगो प्रेस कांफ्रेंस के दौरान लखनऊ में मैक्स ग्रुप के ओर से कइल जा रहल निवेश के जानकारी मीडिया के देत रहले। उ कहले कि सहारा अस्पताल के सफलतापूर्वक अधिग्रहण के बाद अस्पताल के नाम मैक्स सुपर स्पेशलिटी अस्पताल लखनऊ होई।

बता दीं कि मैक्स 940 करोड़ रुपिया में 540 बेड वाला सहारा अस्पताल के जिम्मा ले लिहले रहले । फिलहाल 27 एकड़ में बनल ए अस्पताल में 285 बेड प मरीज के भर्ती करावल जाता। मैक्स जल्दिए एह अस्पताल के अपग्रेड करे खातिर 150 से 200 करोड़ रुपिया के निवेश करी। एकरा तहत 265 बेड के बढ़ोतरी के संगे इहाँ मैक्स इंस्टीट्यूट ऑफ कैंसर केयर आ मैथ्स ऑर्गन ट्रांसप्लांट सेंटर समेत रोबोटिक सर्जरी सेंटर बनावल जाई।

शहीद पथ पर नया अस्पताल बनावल जाई

डॉ. अभय सोई बतवले कि कंपनी उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में कुल 2.5 हजार करोड़ रुपया के निवेश करे जा रहल बिया। सहारा अस्पताल के अलावे शहीद पथ प 5.6 एकड़ जमीन प 500 बेड वाला एगो नाया अस्पताल भी बा। जहां लिवर, किडनी, अस्थि मज्जा आ फेफड़ा के प्रत्यारोपण खातीर एडवांस सेंटर के अलावे नर्सिंग शिक्षा के भी व्यवस्था कइल जाई।

सहारा ग्रुप के 1500 से अधिक कर्मचारी के बरकरार रखले

डॉ. अभय सोई कहले कि ए अधिग्रहण के तहत एको कर्मचारी के हटावल नईखे गईल, जबकि कुल करीब 1500 कर्मचारी के राखल गईल बा। संगही आवे वाला दिन में कर्मचारी के संख्या बढ़ा के 2000 कर दिहल जाई।

795530cookie-checkसहारा ग्रुप के एगो अउरी संपत्ति आधिकारिक तौर प बेचल गइल, सहारा अस्पताल के नाम बदल के मैक्स सुपर स्पेशलिटी अस्पताल क दिहल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.