Sachin Tendulkar: सचिन तेंदुलकर के मिलल इs बड़ सम्मान, बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के बीच भइल ऐलान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2024

सचिन तेंदुलकर के दुनिया के महान बल्लेबाजन में गिनल जाला. टेस्ट आ वनडे में ऊ सबले बेसी रन बनावे वाला हउवें. ऊ अकेला अइसन खिलाड़ी हउवें जिनकर नाव पs सौ शतक बा. अब सचिन तेंदुलकर

Share

सचिन तेंदुलकर के मिलल इs बड़ सम्मान

सचिन तेंदुलकर के दुनिया के महान बल्लेबाजन में गिनल जाला. टेस्ट आ वनडे में ऊ सबले बेसी रन बनावे वाला हउवें. ऊ अकेला अइसन खिलाड़ी हउवें जिनकर नाव पs सौ शतक बा. अब सचिन तेंदुलकर मेलबर्न क्रिकेट क्लब के मानद सदस्य बने के नेवता स्वीकार कs लिहले बाड़न. मेलबर्न क्रिकेट क्लब ट्वीट करके एकर पुष्टि कइले बा। 

ऑस्ट्रेलिया के सभसे पुरान खेल क्लब सभ में से एगो मेलबर्न क्रिकेट क्लब के स्थापना 1838 में भइल। ई खेल के प्रमुख स्थल सभ में से एगो मेलबर्न क्रिकेट मैदान (एमसीजी) के प्रबंधन आ बिकास के जिम्मेदारी लेले। एमसीसी ‘एक्स’ पोस्ट कइलस आ ओकरा साथे लिख दिहलस कि एगो ‘आइकन’ के सम्मानित कइल गइल. एमसीसी के ई बतावत खुशी हो रहल बा कि भारतीय कप्तान रहल सचिन तेंदुलकर एह खेल में उनुका उल्लेखनीय योगदान के देखत मानद क्रिकेट सदस्यता स्वीकार कs लिहले बाड़न.

एमसीजी में सबसे जादा रन बनावे वाला भारतीय बल्लेबाज

सचिन तेंदुलकर भारतीय बल्लेबाज हउवें जे एमसीजी में सबले बेसी टेस्ट रन बनवले बाड़न. एह मैदान पs पाँच गो टेस्ट मैचन में उनुका नाम पs 449 रन के औसत 44.90 आ स्ट्राइक रेट 58.69 बा. एह मैदान पर ऊ एक शतक आ तीन गो आधा शतक बनवले बाड़न. एकरा से पहिले 2012 में सचिन के देश के सबसे बड़ सम्मान में से एगो ‘ऑर्डर ऑफ ऑस्ट्रेलिया’ से सम्मानित कईल गईल रहे। एमसीजी एह घरी भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच पांच मैच के सीरीज के चउथा टेस्ट मैच के मेजबानी करत बा. 

टेस्ट क्रिकेट में 15000 से अधिक रन बनवले

सचिन तेंदुलकर भारतीय टीम खातिर 200 टेस्ट मैच में कुल 15921 रन बनवले बाड़न जवना में ऊ 51 शतक बनवले बाड़न. उनुका नाम पs 463 वनडे मैच में 18426 रन बा. वनडे में ऊ 49 गो शतक बनवले बाड़न. चाहे ऊ देश में खेलत होखस भा विदेश में. उs दुनिया के हर मैदान पs आपन बल्लेबाजी के पराक्रम साबित कs देले बाड़े।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.