[the_ad_group id="30365"]

Rupee All-Time Low : डॉलर के मुकाबले रुपिया रिकॉर्ड निचला स्तर पs, 19 पईसा टूटके 93.08 पs पहुंचल

Indian rupee falls to 92 against the US dollar amid global market pressure
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Rupee All-Time Low : डॉलर के मुकाबले रुपिया अब तक के सबसे निचला स्तर पs पहुंच गइल बा। सुक के सुरुआती कारोबार में रुपिया कमजोर होके 19 पईसा टूट गइल आ 93 के स्तर पार करत 93.08 पs पहुंच गइल।

इंटरबैंक फॉरेक्स मार्केट में रुपिया 92.92 प्रति डॉलर पs खुलल, बाकिर जल्दिये गिरके 93.08 तक पहुंच गइल, जवन अब तक के सबसे निचला स्तर मानल जा रहल बा। ई गिरावट पिछिला बंद स्तर से 19 पईसा कमजोरी के संकेत देत बा। एकरा पहिले बुध के रुपिया 49 पईसा गिरके 92.89 पs बंद भइल रहे।

गिरावट के मुख्य कारण

बिदेसी मुद्रा कारोबारियन के अनुसार, अमेरिकी डॉलर के मजबूती आ बिदेसी संस्थागत निवेशकन (FII) के लगातार बिकवाली से रुपिया पs दबाव बनल बा। संगही पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव से बाजार के माहौल प्रभावित भइल बा।

फिनरेक्स ट्रेजरी एडवाइजर्स एलएलपी के ट्रेजरी प्रमुख आ कार्यकारी निदेशक अनिल कुमार भंसाली बतवलें कि गुड़ी पड़वा के चलते बियफे के बिदेसी मुद्रा बाजार बंद रहे। ऊ कहलें कि रुपिया लगातार कमजोर हो रहल बा आ आरबीआई डॉलर बेचके एकरा के आउर गिरला से रोकत बा।

ऊ आगे बतवलें कि बिदेसी पोर्टफोलियो निवेशक (FPI) लोग लगातार बिकवाली करत रहे, जवना से शेयर बाजार पs असर पड़ल। एह दौरान सेंसेक्स आ निफ्टी करीब 21 महीना के निचिला स्तर पs पहुंच गइल रहे।

अन्य बाजार हाल

डॉलर इंडेक्स, जवन छव प्रमुख मुद्रा के मुकाबले डॉलर के मजबूती देखावेला, 0.17% बढ़के 100.25 पs पहुंच गइल।
वैश्विक तेल बाजार में ब्रेंट क्रूड 1.64% गिरके 106.9 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल।

घरेलू शेयर बाजार में सुधार देखे के मिलल, जहां सेंसेक्स 960.67 अंक चढ़के 75,167.91 पs पहुंच गइल, जबकि निफ्टी 311.50 अंक बढ़के 23,313.65 पs बंद भइल।

एक्सचेंज के आंकड़ा के अनुसार, बिदेसी निवेशक बियफे के कुल 7,558.19 करोड़ रुपिया के शेयर बेच देलें, जवन बाजार पs दबाव बढ़ावे में अहम कारण बनल।

Read Also: Gorakhpur News : साइबर सुरक्षा आज के समय में एगो महत्त्वपूर्ण चुनौती

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]