[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : साइबर सुरक्षा आज के समय में एगो महत्त्वपूर्ण चुनौती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई द्वारा चल रहल सात-दिन के विशेष शिविर के पांचवां दिन साइबर सुरक्षा जागरूकता कार्यक्रम के रूप में मनावल गइल। एह दौरान स्वयंसेवक आ स्वयंसेविकन दयानंद शिशु सदन से लेके बक्शीपुर चौराहा तक साइबर सुरक्षा के बारे में जागरूकता फइलावे खातिर एगो रैली निकालल लोग।

रैली में सामिल छात्र-छात्रा साइबर सुरक्षा से जुड़ल सावधानी के बारे में नारा आ स्लोगन के माध्यम से लोगन के जागरूक कइल। एह दौरान उजाला, आस्था, सृष्टि, आदर्श, आयुष जइसन स्वयंसेवक “साइबर सुरक्षा अपनी रक्षा” विषय पs बक्शीपुर चौराहा पs एगो नुक्कड़ नाटक प्रस्तुत कइलें, जवन लोगन के खूब पसंद आइल।

शिविर के बौद्धिक सत्र में विशिष्ट अतिथि के रूप में साइबर क्राइम ऑफिसर, क्राइम ब्रांच के शशिकांत जायसवाल मवजूद रहलें, जवन साइबर सुरक्षा से जुड़ल जरूरी सावधानी के बारे में विस्तार से जानकारी देलें। मुख्य अतिथि के रूप में साइबर क्राइम विभाग के उपनिरीक्षक सौरव मौर्य विद्यार्थियन के सोशल मीडिया से होखे वाला साइबर अपराध से बचे के तरीका बतवलें। ऊ साइबर हेल्पलाइन नंबर 1930, संचार साथी आ वेबसाइट www.cybercrime.gov.in के महत्व पs प्रकाश डललें।

कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता अतिथियन के स्वागत करत शिविर के योजना से अवगत करवलें। एह मवका पs डॉ. संजय श्रीवास्तव आ डॉ. संजय मिश्रा आपन विचार रखलें। मंच संचालन डॉ शत्रुघ्न सिंह कइलें आ सरस्वती वंदना जेनिश द्वारा प्रस्तुत कइल गइल।

एह कार्यक्रम में डॉ. कुलदीप द्विवेदी, डॉ. प्रमोद त्रिपाठी, डॉ. रक्षा गुप्ता सहित कइयन गो शिक्षक-शिक्षिका आ श्रद्धा, विनय, रुचि, अनमोल, जाह्नवी, अनूप, राधा जइसन स्वयंसेवक मवजूद रहल लोग।

Read Also: Anant Singh Bail : अनंत सिंह के दुलारचंद यादव हत्या कांड में मिलल जमानत, 4 महीना बाद पटना हाईकोर्ट से राहत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]