बंगाल में बवाल, वोटिंग से पहिले पूर्व मेदिनीपुर में फंदा से लटकल मिलल बीजेपी कार्यकर्ता के लाश; हत्या के आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2024

पश्चिम बंगाल के तीन लोकसभा सीटन पऽ मतदान जारी बा। एही बीच पूर्व मेदिनीपुर में बीजेपी कार्यकर्ता के लाश फंदा से लटकल मिलल बा। बीजेपी कार्यकर्ता के लाश मिलला से बवाल मच गइल बा। टीएमसी

Share

क्राइम: फोटो

पश्चिम बंगाल के तीन लोकसभा सीटन पऽ मतदान जारी बा। एही बीच पूर्व मेदिनीपुर में बीजेपी कार्यकर्ता के लाश फंदा से लटकल मिलल बा। बीजेपी कार्यकर्ता के लाश मिलला से बवाल मच गइल बा। टीएमसी कार्यकर्ताओं पs हत्या के आरोप लागल बा। पुलिस मामला के तफ्तीश में जुट गइल बा। बता दी कि दार्जिलिंग रायगंज आ बालुरघाट सीट पs मतदान हो रहल बा।

कोलकाता। पश्चिम बंगाल में लोकसभा चुनाव के दूसरका चरण खातिर तीन सीट पs मतदान जारी बा। मतदान से पहिले पूर्व मेदिनीपुर जिला से बड़ खबर सामने आइल बा। इहाँ बीजेपी के एगो कार्यकर्ता के फंदा से लटकल लाश बरामद कइल गइल बा। बीजेपी कार्यकर्ता के लाश मिलला के बाद बवाल मच गइल बा।

परिजन लो लगवले हत्या का आरोप

बीजेपी कार्यकर्ता के पहचान दीनबंधु मड्या के तौर पs भइल बा। उऽ मोयना गांव के रहे वाला हउवे। परिजन लो के कहनाम बा कि उनकर हत्या कइल गइल बा। हत्या के आरोप टीएमसी कार्यकर्ता पऽ लागल बा ।

हत्या से पहिले अगवा करे के दावा

बीजेपी नेता लो कहल कि दीनबंधु के हत्या से पहिले बुध के अगवा कर लिहल गइल बा। उऽ कहले हऽ कि देर रात उनकर लाश मिलल। ए घटना के बाद बीजेपी कार्यकर्ता लो में काफी नाराजगी बा। हालांकि, तृणमूल आरोपन के खारिज कइले बा है। पुलिस फिलहाल मामले के जांच शुरू कर देले बिया।

कवना तीन गो सीटन पऽ होत रहल मतदान?

मोयना में बीजेपी कार्यकर्ता के लाश अइसन समय पs मिलल बा, जब दूसरका चरण में राज्य के तीन लोकसभा सीट दार्जिलिंग, रायगंज आ बालुरघाट में मतदान होत रहे । पूर्व मेदिनीपुर में छठा चरण में मतदान बा, बाकिर ओकरा से पहिले भाजपा कार्यकर्ता के लाश मिलला से मामला गरमा गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.