थूक लगाके बनावत रहे रोटी, ग्रेटर नोएडा के ढाबा पऽ घिनौनी हरकत

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 8, 2024

ग्रेटर नोएडा के रबूपुरा कोतवाली इलाका के नीचे एगो ढाबा में थूक लगा के रोटी बनावे वाला दाबा पs लोग हंगामा मचवले। आरोपी ढाबा संचालक के एह हरकत के सूचना पुलिस के दिहल गइल। पुलिस

Share

ग्रेटर नोएडा के रबूपुरा कोतवाली इलाका के नीचे एगो ढाबा में थूक लगा के रोटी बनावे वाला दाबा पs लोग हंगामा मचवले। आरोपी ढाबा संचालक के एह हरकत के सूचना पुलिस के दिहल गइल। पुलिस आरोपी ढाबा संचालक चांद के खिलाफ मामला दर्ज कऽ के गिरफ्तार कऽ लेलस। एह घटना के वीडियो वायरल हो रहल बा।

सोशल मीडिया पs वायरल वीडियो के मुताबिक कस्बा में राबूपुरा-भाईपुर रोड पs ढाबा बा। शुक के देर रात ढाबा में थूक लगा के रोटी तइयार कइल जात रहे, जवना के देख के ढाबा में खाए वाला लोग हंगामा मचवले आ पुलिस के मामला के जानकारी देले।

दूसर ओर एडीसीपी ग्रेटर नोएडा अशोक कुमार के कहनाम बा कि एह घटना में संबंधित धारा के तहत मामला दर्ज भइल बा आ कस्बा निवासी चांद के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। स्थानीय लोग प्रशासन से ढाबा बंद करे के मांग कइले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.