पटना। राजधानी पटना के मुसल्लहपुर हाट में खान सर के कोचिंग सेंटर पs भइल हंगामा आ हमला के ममिला में बेउर जेल में बंद ज्ञान बिंदु के डायरेक्टर रौशन आनंद के पटना सिविल कोर्ट से जमानत मिल गइल बा।
रौशन आनंद के जमानत ओह समय मिलल बा, जब उनकर छोट भाई प्रिंस यादव के एक दिन पहिले नेपाल के एगो होटल में संदिग्ध परिस्थिति में मौत हो गइल रहे। एह घटना के बाद कोर्ट से रौशन आनंद के राहत मिलल बा।
2 जून के खान ग्लोबल स्टडीज पs भइल हमला के ममिला में रौशन आनंद के संगे उनकर भाई प्रिंस यादव आ कइयन गो आउर लोगन के आरोपित बनावल गइल रहे। एह ममिला में पुलिस 3 जून के रौशन आनंद आ उनका दूगो सहजोगियन के गिरफ्तार कs के न्यायिक हिरासत में भेजले रहे। करीब 12 दिन जेल में बितवला के बाद अब उनका जमानत मिल गइल बा। ओहिजा खान सर उर्फ फैजल खान के गिरफ्तारी पs कोर्ट 20 जून तक रोक लगवले बा।
नेपाल के होटल में मिलल प्रिंस यादव के शव
एह बीच अतवार के नेपाल के विराटनगर इस्थित एगो होटल में रौशन आनंद के छोट भाई प्रिंस यादव मृत मिललें। नेपाल पुलिस एह ममिला में पांच लोगन के हिरासत में लेले बिया।
बतावल जा रहल बा कि प्रिंस यादव के चेहरा पs चोट के निशान मिलल रहे। होटल के कमरा से मिर्गी के दवाइयो बरामद भइल बा। सोमार के सहरसा में प्रिंस यादव के अंतिम संस्कार होखे वाला बा। कहल जा रहल बा कि एमे रौशन आनंद सामिल हो सकेलें।
प्रिंस यादव के मौत पs गरमाइल राजनीति
प्रिंस यादव के मौत के बाद बिहार में राजनीतिक बयानबाजी तेज हो गइल बा। राष्ट्रीय जनता दल (RJD) सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव एह घटना के हत्या बतवले बाड़ें।
ओहिजा, खान सर बयान जारी कs के घटना पs दुख जतवले बाड़ें। ऊ कहलें कि प्रिंस यादव पहिले से बीमार चलत रहलें आ उनका के कवनो नुकसान नइखे पहुंचावल गइल।








