[the_ad_group id="30365"]

Sonipat Accident : KMP पs मजदूरन से भरल ईको गाड़ी ट्रक से टकराइल, तीन के गइल जान, नव घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनीपत। खरखौदा इलाका में कुंडली-मानेसर-पलवल (KMP) एक्सप्रेसवे पs बियफे के सबेरे करीब पांच बजे एगो भीषण सड़क हादसा हो गइल। एह हादसा में तीन लोगन के मौत हो गइल, जबकि नव लोग घायल हो गइल बा। हादसा गोपालपुर गांव के सीमा के लगे भइल, जहां मजदूरन से भरल एगो ईको गाड़ी के ट्रक से जोरदार टक्कर हो गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि ईको गाड़ी बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल। हादसा के बाद घटनास्थल पs चीख-पुकार मच गइल।

मिलल जानकारी के मोताबिक, उत्तर प्रदेश के पीलीभीत जिला के बड़ेपुरा गांव के करीब 11 मजदूर आ ईको चालक सहित कुल 12 लोग झज्जर के ओर बाजरा काटे खातिर जात रहे। बियफे के सबेरे करीब पांच बजे ओह लोग के ईको गाड़ी गोपालपुर गांव के सीमा के लगे KMP एक्सप्रेसवे पs पहुंचल।

एही दौरान ईको गाड़ी के ट्रक से जोरदार टक्कर हो गइल। हादसा में ईको सवार तीन लोगन के मौके पs मौत हो गइल। मृतकन में बड़ेपुरा गांव निवासी रामनरेश, पिता रामचंद्र के नाम सामने आइल बा। बाकी दूगो मृतकन के पहचान अभी तक नइखे हो सकल।

दूगो शव के खरखौदा के सरकारी अस्पताल पहुंचावल गइल बा। जबकि एगो शव क्षतिग्रस्त ईको गाड़ी में फंस गइल रहे। राहतकर्मी आ पुलिस के टीम बहुते मशक्कत के बाद शव के गाड़ी से बाहर निकललस।

नव लोग घायल, सभे के हालत गंभीर

हादसा में घायल लोगन के पहचान विवेक, पिता प्रभुदयाल; छोटू, पिता खुशहाली; हरिशंकर, पिता नेतराम; खुशहाली; फातिलाल, पिता बुद्धसिंह; महेंद्र पाल, पिता रामसहाय; संजीव, पिता रामपाल; प्रमोद, पिता रामरती आ नेवाराम के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि सब घायल पीलीभीत जिला के बड़ेपुरा गांव के रहनिहार बा लो।

हादसा के बाद घायलन के तत्काल खरखौदा के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (CHC) पहुंचावल गइल। डॉक्टरन के मोताबिक, घायलन के हालत गंभीर बा। कइयन गो लोगन के बेहोशी के हालत में होखे के जानकारी मिलल बा।

पुलिस सुरू कइलस हादसा के जांच

हादसा के सूचना मिलतही पुलिस के टीम तुरंत घटनास्थल पs पहुंचल आ पूरा इलाका के जायजा लेलस। क्षतिग्रस्त वाहनन के हटावे आ ईको गाड़ी में फंसल शव के बाहर निकाले खातिर राहत कार्य सुरू कइल गइल।

काफी मशक्कत के बाद शव के गाड़ी से बाहर निकालल गइल। पुलिस मृतकन के पहचान करावे के संगे हादसा के असल कारणन के जांच सुरू कs देले बिया।

Read Also: 03 सितंबर 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]