Riyan Parag Fined : ड्रेसिंग रूम में वेपिंग कइल रियान पराग के पड़ल भारी, जानीं का मिलल सजा

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। राजस्थान रॉयल्स के कप्तान रियान पराग के आईपीएल के नियम तुड़े के दोषी पावल गइल बा। आईपीएल उनका पs मैच फीस के 25 प्रतिशत जुर्माना लगवले बा। एकरा अलावे उनका नाम पs एगो डिमेरिट अंक जोड़ दिहल गइल बा। आरआर के कप्तान के पंजाब किंग्स के खिलाफ खेलल गइल मैच नंबर 40 के दौरान ड्रेसिंग रूम में वेपिंग करत पकड़ल गइल, जवना कारण से उनकरा पs कार्रवाई भइल।

आईपीएल के आधिकारिक मीडिया एडवाइजरी के अनुसार, पराग खिलाड़ी आ टीम अधिकारी खातिर तय कइल गइल कोड ऑफ कंडक्ट के आर्टिकल 2.21 के उल्लंघन कइले बाड़ें, जवन खेल के छवि खराब करे वाला बेवहार से जुड़ल बा। ई घटना मैच के दूसरका पारी के दौरान भइल, जब रियान के ड्रेसिंग रूम में वेपिंग करत देखल गइल।

एह उल्लंघन के लेवल-1 अपराध मानल गइल, जवना के तहत उनकर मैच फीस के 25 प्रतिशत जुर्माना काटल गइल आ उनका खाता में एगो डिमेरिट अंक जोड़ल गइल। एडवाइजरी में इहो साफ कइल गइल कि पराग आपन गलती मान लेलें आ मैच रेफरी अमित शर्मा के ओर से दिहल सजा के स्वीकार कइलें।

आईपीएल के मीडिया एडवाइजरी में आगे लिखल बा कि बीसीसीआई अब आगे अउर कड़ा कार्रवाई करे पs विचार करत बा, ताकि लीग के साख आ अनुशासन बनल रहे। रियान पराग के एह हरकत से विवाद एही कारण से बढ़ल कि भारत में 2019 से ई-सिगरेट के उत्पादन, बिक्री आ वितरण पs प्रतिबंध लागू बा।

Read Also: Harbhajan Singh : ‘कवना आधार पs सुरक्षा हटावल गइल…’, पंजाब आ हरियाना हाईकोर्ट हरभजन सिंह के सिक्योरिटी हटवला पs सख्त, पंजाब सरकार के नोटिस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-