Gorakhpur News : गोरक्षनगरी में 120 एकड़ में स्थापित होई अंबानी के फैक्ट्री, रोजगार खातिर ना जाये के पड़ी बाहर

By Shweta Supriya

Published on: Aug 29, 2025

गोरखपुर। गोरक्षनगरी में फैक्ट्री लगावे खातिर रिलायंस समूह (Reliance Industries) 120 एकड़ जमीन के मांग कइले बा। मंगर के रिलायंस समूह के प्रतिनिधि गीडा प्रशासन के अधिकारियन के संगे धुरियापार आ भीटी रावत क्षेत्र में

Share

गोरखपुर। गोरक्षनगरी में फैक्ट्री लगावे खातिर रिलायंस समूह (Reliance Industries) 120 एकड़ जमीन के मांग कइले बा। मंगर के रिलायंस समूह के प्रतिनिधि गीडा प्रशासन के अधिकारियन के संगे धुरियापार आ भीटी रावत क्षेत्र में जमीन के निरीक्षण कइला के बाद आपन फैक्ट्री खातिर एतना भूमि के आवश्यकता जतवले बा लो।

अब कंपनी प्रबंधन जगह तय कइला के बाद आवंटन खातिर डीपीआर के संगे आवेदन करी। कनेक्टिविटी बेहतर होखला के बाद गोरखपुर अब देस के प्रतिष्ठित समूहन के पसंद बनत जा रहल बा। गीडा क्षेत्र में एकरा पहिले कई गो बड़ कॉर्पोरेट समूह आपन उपस्थिति दर्ज करा चुकल बा। पेप्सिको के बाद हाले में कोका-कोला के गीडा के सेक्टर 28 में जमीन आवंटित कइल गइल बा।

ओहिजा, अदाणी समूह धुरियापार इलाका में सीमेंट फैक्टरी के खातिर जमीन के मांग कइले बा। अब रिलायंस समूह इहां उद्योग स्थापित करे जात बा। एही क्रम में रिलायंस समूह के गीडा प्रशासन के ओर से धुरियापार आ भीटी रावत इलाका में उपयुक्त जमीन दिखावल गइल।

रिलायंस समूह (Reliance Industries) के इहां फास्ट मूविंग कंज्यूमर गुड्स (एफएमसीजी) संबंधित इंडस्ट्रीज लगावे केयोजना बा। कंपनी जदि इहां फैक्टरी स्थापित करी, तऽ खाद्य पदार्थन आ रोजमर्रा के उपभोक्ता उत्पादन के उत्पादन आ वितरण में बड़ बदलाव देखे के मिली। गीडा प्रशासन एह निवेश प्रस्ताव के क्षेत्र के विकास के खातिर ऐतिहासिक अवसर के रूप में देखत बा।

औद्योगिक विशेषज्ञन के कहनाम बा कि गोरखपुर में इन्वेस्टमेंट के ई लहर पूर्वांचल के औद्योगिक तस्वीर बदले वाला साबित हो सकेला। बड़ कॉर्पोरेट समूहन के अइला से जहां रोजगार के अवसर बढ़ीं। ओहिजा, स्थानीय बेपारियन आ आपूर्ति श्रृंखला से जुड़ल कारोबार के सीधा लाभ होई।

Read Also: Diamond League Final 2025 : लगातार तीसरका साल नीरज चोपड़ा डायमंड लीग फाइनल में उपविजेता रहलें, वेबर जीतलें खिताब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.