[the_ad_group id="30365"]

Bihar TRE-4 : बिहार में 32,388 शिक्षकन के होई भरती, शिक्षा विभाग बीपीएससी के भेजलस अधियाचना

BSP candidate Ashish Anand supports Deputy CM Samrat Choudhary in Tarapur election, Bihar politics heats up
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार में शिक्षक बने के तैयारी करत लाखन अभ्यर्थियन खातिर बड़ खुशखबरी बा। बिहार शिक्षक भर्ती परीक्षा TRE-4 के इंतजार अब खतम हो गइल बा। शिक्षा विभाग राज्य में कुल 32,388 शिक्षकन के पद पर नियुक्ति खातिर अधियाचना बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) के भेज दिहले बा।

मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी मंगल के अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पर एह बात के जानकारी देत एकरा के बिहार के युवा लोग खातिर ऐतिहासिक सौगात बतवलें। सरकार के कहना बा कि ई भर्ती अभियान से युवा लोग के रोजगार के नया मौका मिली आ राज्य के शिक्षा व्यवस्था के मजबूत बनावे में मदद मिली।

TRE-4 में कवन कक्षा खातिर कतना पद?

Bihar TRE-4 भर्ती के तहत प्राथमिक स्कूल से लेके उच्च माध्यमिक स्तर तक शिक्षकन के नियुक्ति कइल जाई। सबसे अधिक पद कक्षा 11 से 12 खातिर रखल गइल बा।

कक्षा शिक्षकन के पद
कक्षा 1 से 5 3,847
कक्षा 6 से 8 8,563
कक्षा 9 से 10 3,877
कक्षा 11 से 12 16,101
कुल पद 32,388

कक्षा 11 से 12 खातिर 16,101 पद तय कइल गइल बा। एकरा से माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक स्तर पs शिक्षक बने के तइयारी करत अभ्यर्थियन खातिर बड़ मवका मिल सकेला।

मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी का कहलें?

मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी कहलें कि TRE-4 शिक्षक भरती बिहार के जुवा लोगन खातिर रोजगार के नया अवसर लेके आई। उनकर कहनाम बा कि राज्य सरकार गुणवत्तापूर्ण शिक्षा, जुवा रोजगार आ विकसित बिहार के संकल्प के पूरा करे खातिर लगातार काम करत बिया।

सरकार के अनुसार, नया शिक्षकन के नियुक्ति से सरकारी स्कूलन में पढ़ाई के बेवस्था बेहतर होई। एकरा से विद्यार्थियन के गुणवत्तापूर्ण शिक्षा मिले में मदद मिली।

अब बीपीएससी के विज्ञापन के इंतजार

शिक्षा विभाग के अधियाचना बीपीएससी के भेजला के बाद अब अभ्यर्थियन के नजर TRE-4 भरती विज्ञापन पs टिकल बा। आयोग जल्दिये पदवार योग्यता, उमिर सीमा, आवेदन शुल्क, चयन प्रक्रिया आ ऑनलाइन आवेदन के तारीख के जानकारी जारी कs सकेला।

लमहर समय से TRE-4 के इंतजार करत अभ्यर्थियन खातिर ई घोषणा राहत के खबर बा। अब उम्मीदवारन के चाहीं कि ऊ बीपीएससी के आधिकारिक सूचना पs नजर बनवले राखे लो आ भरती विज्ञापन जारी होखला के बाद समय पs आवेदन करे लो।

Read Also: Anti Paper Leak Bill : लोकसभा में हंगामा के बीच लोक परीक्षा संशोधन विधेयक 2026 ध्वनिमत से पारित

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]