Anti Paper Leak Bill : लोकसभा में हंगामा के बीच लोक परीक्षा संशोधन विधेयक 2026 ध्वनिमत से पारित

Anti Paper Leak Bill 2026 Passed in Lok Sabha

Share

नई दिल्ली। लोकसभा में विपक्ष के हंगामा के बीच बुध के लोक परीक्षा (अनुचित साधन के रोकथाम) संशोधन विधेयक, 2026 ध्वनिमत से पारित हो गइल। विधेयक पs चरचा के दौरान छात्र आंदोलन, जंतर-मंतर पs कथित गोलीबारी आ शिक्षा बेवस्था के मुद्दा पs सरकार आ विपक्ष के बीच जमके नोकझोंक भइल।

सरकार कहलस कि लोक परीक्षा संशोधन विधेयक में कइल गइल संशोधन सार्वजनिक परीक्षा के निष्पक्ष, पारदर्शी आ भरोसेमंद बनावे के दिशा में एगो मजबूत डेग बा। विधेयक पारित भइला के बाद लोकसभा के कार्यवाही दिनभर खातिर स्थगित कs दिहल गइल।

पेपर लीक ममिला पs सरकार के जवाब

विधेयक पs चरचा के जवाब देत केंद्रीय मंत्री जितेंद्र सिंह कहलें कि सरकार नीट पेपर लीक ममिला में तेजी से कार्रवाई कइले बिया। सरकार परीक्षा प्रणाली के विश्वसनीयता बना के राखे खातिर पूरा तरे प्रतिबद्ध बिया।

उनकर कहनाम रहे कि साल 2024 में एंटी पेपर लीक कानून लागू भइला के बाद अब तक 52 FIR दर्ज कइल गइल बा। सरकार के दावा बा कि पेपर लीक से जुड़ल ममिला में सख्ती बढ़ल बा आ अइसन घटनन से जुड़ल आत्महत्या के मामिलन में कमी आइल बा।

राहुल गांधी छात्र आंदोलन के नवहन के आवाज बतवलें

कांग्रेस सांसद राहुल गांधी चरचा के दौरान कहलें कि छात्रन के आंदोलन गुस्सा, हिंसा भा नफरत ना, बलुक देस के जुवा लोगन के भावना आ चिंता के अभिव्यक्ति बा। ऊ कहलें कि हर राजनीतिक दल, भाजपा सहित के छात्रन के बात सुने के चाहीं। राहुल गांधी के अनुसार, छात्रन के संघर्ष खाली परीक्षा तक सीमित नइखे, बलुक पूरा शिक्षा बेवस्था में सुधार के मांग से जुड़ल बा।

शिक्षा बेवस्था पs राहुल गांधी के सवाल

राहुल गांधी कहलें कि शिक्षा लगातार महंगा होत जा रहल बा। छात्रन से बातचीत के दौरान उनका एह बात के अहसास भइल कि शिक्षा के मतलब खाली परीक्षा ना, बलुक सीखल, ज्ञान हासिल कइल आ बेहतर बेवस्था बनावलो बा।

ऊ एगो 18 साल के छात्रा के बात के जिकिर करत कहलें कि असली छात्र ऊ होला, जेकर दिमाग आ दिल खुलल होखे आ जे सीखे के प्रक्रिया के कभी खतम ना माने।

‘इडियट’ आ ‘अंधभक्त’ शब्द पs हंगामा

राहुल गांधी के भाषण के दौरान ‘इडियट’, ‘अंधभक्त’ आ ‘मूर्ख’ जइसन शब्द के जिकिर पs सत्ता पक्ष के सांसद विरोध जतवलें। केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू एह शब्दन के असंसदीय बतावत कार्यवाही से हटावे के मांग कइलें। लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला कहलें कि जवन शब्द असंसदीय होई, ओकरा के कार्यवाही से हटा दिहल जाई।

सरकार कहलस- परीक्षा बेवस्था आउर मजबूत होई

केंद्रीय मंत्री जितेंद्र सिंह के अनुसार, संशोधन विधेयक के मकसद खाली सजा बढ़ावल ना, बलुक सार्वजनिक परीक्षा के ईमानदारी, पारदर्शिता आ विश्वसनीयता के मजबूत बनावलो बा।

सरकार के कहनाम बा कि नया प्रावधान पेपर लीक माफिया आ अनुचित तरीका से परीक्षा के प्रभावित करे वाला लोगन के खिलाफ प्रभावी कार्रवाई में मदद करी। आखिरकार, सरकार आ विपक्ष के बीच तीखा टकराव के बादो लोक परीक्षा संशोधन विधेयक 2026 ध्वनिमत से पारित हो गइल।

Read Also: Ryan Ten Doeschate : केकेआर में रयान टेन डोशेट के वापसी, हेड ऑफ क्रिकेट स्ट्रेटजी के जिम्मेदारी संभरिहें

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-