बिहार पुलिस में सिपाही के 19,838 पदन खातिर भरती: 6 हजार 17 पद महिलन खातिर रिजर्व, 18 मार्च से 18 अप्रैल तक आवेदन लिहल जाई

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2025

बिहार पुलिस में सिपाही के 19,838 पदन पs नया भरती होई। महिलन खातिर 6 हजार 17 पद आरक्षित बा। 18 मार्च से 18 अप्रिल तक आवेदन लिहल जाई। सब अभ्यर्थी ऑनलाइन आवेदन करीं। CSBC के

Share

बिहार पुलिस में सिपाही के 19,838 पदन खातिर भरती: 6 हजार 17 पद महिलन खातिर रिजर्व, 18 मार्च से 18 अप्रैल तक आवेदन लिहल जाई

बिहार पुलिस में सिपाही के 19,838 पदन पs नया भरती होई। महिलन खातिर 6 हजार 17 पद आरक्षित बा। 18 मार्च से 18 अप्रिल तक आवेदन लिहल जाई। सब अभ्यर्थी ऑनलाइन आवेदन करीं। CSBC के अध्यक्ष जितेन्द्र कुमार एकर घोषणा मंगर के प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान कइलें।

वेबसाइट पs जारी होई विज्ञापन

आयोग के अध्यक्ष जितेंद्र कुमार कहलें एकरा खातिर विज्ञापन आज प्रकाशित कs रहल बानी सs। विज्ञापन के आज वेबसाइट पs जारी कs दिहल जाई। 18 मार्च 2025 से ऑनलाइन आवेदन लिहल जाई। 18 अप्रिल 2025 अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल बा। आयोग के अध्यक्ष कहलें कि सब अभ्यर्थियन से अपील कइलें बाड़ें कि विज्ञापन के अच्छा तरीका से पढ़लें। एकरा बादे ऑनलाइन फॉर्म के भरल सुरू करीं। आवेदन पत्र जमा कइला के बाद उम्मीदवारन के निर्धारित शुल्क के भुगतान ऑनलाइन माध्यम से करे के होई।

लिखित के बाद फिजिकल

भरती प्रक्रिया में लिखित परीक्षा आ शारीरिक दक्षता परीक्षा (PET) होई। एमे सामान्य ज्ञान आ बुनियादी विषयन से प्रश्न पूछल जाई। एकरा बाद योग्य उम्मीदवारन के शारीरिक दक्षता परीक्षा खातिर बोलावल जाई, जेमे दउड़, ऊंची कूद आ गोला फेंक जइसन गतिविधि सामिल होई। एह चरण में सफल उम्मीदवारन के अंतिम मेरिट सूची तइयार कइल जाई।

लिखित परीक्षा के तिथि जल्दी बतावल जाई

  • आवेदन सुरू होखे के तिथि: 18 मार्च 2025
  • आवेदन के अंतिम तिथि: 18 अप्रिल 2025
  • लिखित परीक्षा तिथि: जल्दी घोषित कइल जाई

Read Also: Rajya Sabha Uproar: खरगे के एक शब्द पs संसद में तनातनी; राज्यसभा में जमके हंगामा, भाजपा कइलस माफी के मांग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.