Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Realme 12 सीरीज के दुगो नया फोन लॉन्च, सुरुआती कीमत 16 हजार रुपिया, जानीं कीमत आ फीचर्स

1,469

रियलमी अपना दुगो नया स्मार्टफोन Realme 12 Plus 5G आ Realme 12 5G के भारत में लॉन्च कs देले बा। फोन के सुरुआती कीमत 16,999 रुपिया बा। फोन के पोर्टेट मास्टर नाम दिहल गइल बा। अइसन एहसे, काहेकि फोन से सानदार पोर्टेट फोटो क्लिक होला। एकर वजह Sony LYT 600 OIS कैमरा बा। संगही एमे एडवांस्ड मीडियाटेक डायमेंसिटी 7050 चिपसेट के सपोर्ट दिहल गइल बा। फोन के दुगो स्टोरेज वेरिएंट में लॉन्च कइल गइल बा।

कीमत आ ऑफर्स

Realme 12 5G

6 जीबी रैम आ 128 जीबी स्टोरेज – 16,999 रुपिया

8 जीबी रैम आ 128 जीबी स्टोरेज – 17,999 रुपिया

Realme 12 Plus 5G

8 जीबी रैम आ 128 जीबी स्टोरेज – 20,999 रुपिया

8 जीबी रैम और 256 जीबी स्टोरेज – 21,999 रुपिया

ऑफर

फोन के पहिला सेल छव मार्च के दुपहरिया 12 बजे सुरू होई, जवन 10 मार्च 2024 तक जारी रही। एह लिमिटेड पीरियड सेल में फोन के किनला पs 2 हजार रुपिया के डिस्काउंट ऑफर दिहल जाई। एकरा बाद फोन Realme 12 Plus 5G के 18,999 रुपिया में किनल जा सकी, जबकि Realme 12 5G के 16,999 रुपीया में किन पाएम। एह दुनो फोन के ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म फ्लिपकार्ट से किनल जा सकी।।

Realme 12 5G के स्पेसिफिकेशन्स

Realme 12 में 6.72 इंच FHD+ IPS LCD स्क्रीन दिहल गइल बा, जवना के रिफ्रेश रेट 120Hz हs। फोन 950 nits पीक ब्राइटनेस के संगे आवेला। फोन में मीडियाटेक डाइमेंशन 6100+ चिपसेट दिहल गइल बा। संगही फोन में 5000mAh बैटरी बा जवन 45W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करेला। फोन एंड्रॉइ़ड 14 बेस्ड Realme UI 5.0 पs चलत बा। एमे दु साल एंड्रॉइड अपडेट आ तीन साल सिक्योरिटी पैच मिलत बा। Realme 12 के रियर में 2MP पोर्ट्रेट सेंसर के संगे 108MP मेन कैमरा दिहल गइल बा। सेल्फी खातिर 8MP सेंसर दिहल गइल बा। फोन साइड-माउंटेड फिंगरप्रिंट स्कैनर के संगे आवेला।

Realme 12 प्लस 5G के स्पेसिफिकेशन्स

फोन में 6.67-इंच FHD+ 120Hz AMOLED डिस्प्ले दिहल गइल बा, जवन 2000 nits पीक ब्राइटनेस के संगे आवेला। एमे ‘रेनवाटर स्मार्ट टच’ मिलेला। फोन में डाइमेंशन 7050 चिपसेट दिहल गइल बा। फोन एंड्रॉइड 14 बेस्ड Realme UI 5.0 पs चलेला। फोन दु साल एंड्रॉइड अपडेट आ तीन साल सिक्योरिटी अपडेट के संगे आवेला। फोन में इन-डिस्प्ले फिंगरप्रिंट स्कैनर बा। एमे 50MP Sony LYT 600 प्राइमरी सेंसर दिहल गइल बा, जवन 8MP अल्ट्रावाइड लेंस आ 2MP मैक्रो कैमरा के संगे आवेला। फोन में 16MP सेल्फी कैमरा दिहल गइल बा।फोन 5000mAh बैटरी के संगे आवेला, जवन 65W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करेला।

758560cookie-checkRealme 12 सीरीज के दुगो नया फोन लॉन्च, सुरुआती कीमत 16 हजार रुपिया, जानीं कीमत आ फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.