RBI: अब बैंक के कतार से मिली निजात, UPI के जरिए सीडीएम में जमा होई नगदी, जानी पूरा प्रक्रिया

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 11, 2024

Cash Deposit Using UPI: आरबीआई गवर्नर कहले कि यूपीआई के इस्तेमाल करत कार्डलेश तरीका से एटीएम से पइसा निकाले के सुविधा के अनुभव के देखत केंद्रीय बैंक अब सीडीएम मशीन में नगद जमा करे खातिर

Share

Cash Deposit Using UPI: आरबीआई गवर्नर कहले कि यूपीआई के इस्तेमाल करत कार्डलेश तरीका से एटीएम से पइसा निकाले के सुविधा के अनुभव के देखत केंद्रीय बैंक अब सीडीएम मशीन में नगद जमा करे खातिर अइसने सुविधा देवे के मंजूरी देवे के प्रस्ताव रखले बा।

भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) यूपीआई के इस्तेमाल कर के कैश डिपॉजिट मशीन के माध्यम से बैंक खाते में नगदी जमा करे के बड़ सुविधा देवे के एलान कइले बा। एकरा से बैंकन में कतार में लाग के नकदी जमा करे के इंतजार करे वाला ग्राहकन के बड़ राहत मिली। उऽ बैंकन के कतार में लगले बिना नगदी जमा करे वाली मशीन (सीडीएम) में यूपीआई के जरिये नगद जमा करे में सक्षम होइहें। आरबीआई गवर्नर शुक्रवार के एमपीसी के बैठक के बाद अपना संबोधन में एकर जानकारी देले।

यूपीआई के जरिये नगदी जमा करे के सुविधा हासिल करे खातिर अइसन ब्रांच भा एटीएम पऽ जाए के पड़ी, जहां कैश डिपॉजिट मशीन यानी सीडीएम लागल होखे।

जानी पूरा प्रक्रिया –

सबसे पहिले सीडीएम मशीन में यूपीआई नगद जमा के विकल्प चुने के होई

ओकरा बाद उऽ वह राशि दर्ज करे के होई जवना के रऊआ सीडीएम मशीन में जमा करे के चाहत बानी

एकरा बाद अपना फोन पऽ यूपीआई एप खोल के सीडीएम स्क्रीन पऽ दिख रहल क्यूआर कोड के स्कैन करे के होई।

अब सीडीएम मशीन रऊआ के नगदी मशीन में डाले के सुविधा दी। एकरा बाद नकदी जमा करे खातिर लगे मौजूद करेंसी नोटन के मशीन में डाली

लेनदेन पूरा होखला के बाद मशीन आ रउआ यूपीआई एप पर ए बात के पुष्टि कइल जाई कि राउर पैसा जमा हो गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.