रूसी सैनिकन के चूहा से फईलल नया बेमारी, आंख से आवता खून’, यूक्रेनी खुफिया एजेंसी के दावा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2023

  रूस यूक्रेन युद्ध : रूस आ यूक्रेन के बीच युद्ध जारी बा। रूस जहाँ यूक्रेन के शहरन पs तेजी से हमला कर रहल बा ओहिजे यूक्रेन रूस के मिसाइलन के नष्ट कs के आपन

Share

 

रूस यूक्रेन युद्ध : रूस आ यूक्रेन के बीच युद्ध जारी बा। रूस जहाँ यूक्रेन के शहरन पs तेजी से हमला कर रहल बा ओहिजे यूक्रेन रूस के मिसाइलन के नष्ट कs के आपन मंशा जतवले बा। हालही में यूक्रेन रूस के ताकतवर किंझल मिसाइल गिरा दिहलस। यूक्रेन अमेरिकी पैट्रियट मिसाइल से ई कारनामा हासिल कइलस। एही बीच यूक्रेन के सेना एगो बड़ दावा कईले बिया। ई दावा रूसी सैनिकन के बारे में बा। यूक्रेन के सेना दावा कइले बिया कि एगो बेमारी के चलते रूसी सैनिकन के लड़ाई के क्षमता घटत जात बा। एह बेमारी में लोग के आँख से खून बहे लागेला। एतने ना, दिन में कई बेर सिर में बहुत दरद अवुरी उल्टी होखेला।

यूक्रेन के मुख्य खुफिया निदेशालय कुप्यान्स्क में रूसी सैनिकन के यूनिट में तथाकथित ‘माउस बुखार’ फइलला के जानकारी दिहले बा। ई बेमारी स्ट्रेप्टोकोकल से होखे वाला संक्रमण हवे जे एक किसिम के बैक्टीरिया हवे। ई चूहा के सीधा संपर्क भा मल में साँस लेवे से मनुष्य में फइल जाला। यूक्रेन के दावा बा कि ए बेमारी के चलते शरीर के तापमान 40 डिग्री तक बढ़ जाला। गंभीर सिरदर्द, दाना, कम ब्लड प्रेशर अवुरी आंख से खून बहल होखेला। उल्टी अवुरी मतली के समस्या भी सोझा आईल बा।

अधिकारी रूसी सैनिकन के शिकायत के अनदेखा

यूक्रेन के दावा बा कि रूसी सैनिक आपन कमांडरन से एह बेमारी के शिकायत कइले रहले बाकिर ओह लोग के शिकायत के अनदेखी कs दिहल गइल। स्काई न्यूज के मुताबिक, कब्जा करेवाला लोग के सोझा कुपयांस्क दिशा में भारी पैमाना पs सैनिक के माउस बोखार बेमार कs रहल बा। एकरा चलते रूस युद्ध लड़े के कवनो स्थिति में नईखन। यूक्रेन दावा कइले बा कि रूस एह बेमारी के गंभीरता से नइखे लेत आ एकरा के सैनिकन के युद्ध से बचे के बहाना मानत बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.