Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

25 फरवरी 2022 के राशिफल

416

दिनांक- 25/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-नवमी

दिन में 10 बजके 54 मिनट ले,

ओकरा बाद दसमी।

दिन-सुक

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन में 10 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद मूल नक्षत्र।

 व्रज जोग

रात के 10 बजके 27 मिनट ले।

गर करण।

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-26/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-दसमी

भोर के 08 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन-सनिचर

मूल नक्षत्र

भोर के  08 बजके 38  मिनट ले।

 सिद्धि जोग

रात के 07 बजके 20 मिनट ले।

गर करण।

भद्र करण।

विजया एकादशी व्रत,

स्मार्तानाम्।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 संतान के जिम्मेवारी पूरा होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई। रुकल काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। घर के जरूरी सामान बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। मानसिक तनाव मिल सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। जीवनसाथी के सहजोग रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  दामपत्य जिनगी में सुधार होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई, जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, कइल गइल मेहनत सफल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

  बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रिस्तन में मजबूती आई। बेकार के उलझन रही। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  शिक्षा से जुडल प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई, शासन सत्ता के सहजोग रही। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई, दोसरा से सहजोग लेला से सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, संबंध बनी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 शासन सत्ता के सहजोग मिली, संतान भा शिक्षा के क्षेत्र में सुख से भरल समाचार मिली। काम आगा बढ़ी, स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 आर्थिक ममिला सुधरी। कइल गइल मेहनत सफल होई। पद आ प्रतिष्ठा में इजाफा होई। मानसिक तनाव हो सकेला।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  चलल आ रहल समस्या के समाधान मिली। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विसवास बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 बेवसायिक कोसिस सफल होई, स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। जीवनसाथी से वाद विवाद हो सकेला, भागदउर बनल रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

रचना के काम सफल रही, जीवन साथी के सहजोग मिली। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। यश, किर्ति बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 बेवसायिक ममिला में डेग आगा बढ़ी। जतरा के संजोग बनी। स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। साही खरचा से बांची, आर्थिक ममिला में रिस्क नइखे लेवे के।
221790cookie-check25 फरवरी 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.