23 फरवरी 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2022

दिनांक- 23/02/2022 गणेशाय नमः  आज के पंचांग  फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि- सप्तमी दिन में 03 बजके 29 मिनट ले। दिन-बुध। विशाखा नक्षत्र दिन में 01 बजके 29 मिनट ले। ध्रुव जोग भोर के 07

Share

दिनांक- 23/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन में 03 बजके 29 मिनट ले।

दिन-बुध।

विशाखा नक्षत्र

दिन में 01 बजके 29 मिनट ले।

ध्रुव जोग

भोर के 07 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

वव करण।

सर्वार्थामृतसिद्धियोग:, रवि जोग,

दिन में 01 बजके 29 मिनट ले।

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-24/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-अष्टमी

दिन में 01 बजके 15 मिनट ले।

दिन-बियफे

अनुराधा नक्षत्र

दिन में 11 बजके 58 मिनट ले।

हर्षण जोग

रात 01 बजके 37 मिनट ले।

कौलव करण।

सर्वार्थसिद्धि जोग

दिन में 11 बजके 58 मिनट ले।

जानकी जयंती।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई, स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बेवसायिक कोसिस सफल रही। जतरा के संजोग बन सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 कवनो अनजान डर से परेसान हो सकेनी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। शिक्षा से जुड़ल प्रतियोगिता के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  बेकार के आवा-जाही रही। रुपिया-पईसा में धीर रखला के जरूरत बा, धन के हानी होखला के उमेद बा। शिक्षा के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

  आर्थिक पक्ष मजबूत होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। उपहार भा सम्मान मिली। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम आगा बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  पारिवारिक सुख बढ़ी, बोली पs लगाम राखीं, आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। उपहार भा सम्मान में लाभ मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

 घर के जरूरी सामान बढ़ी। कइल गइल मेहनत सफल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा सफल होई। चोट लाग सकेला, सावधान रहीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

  आर्थिक इस्तिथी में सुधार होई, धार्मिक जतरा हो सकेला। कुटुम्ब से तनाव मिली, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कइल गइल मेहनत सफल होई। माई के कष्ट होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

  भावुकता पs लगाम राखीं। महत्वाकांक्षा बढ़ी। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। कइल गइल मेहनत सफल होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  बेकार के विवाद में मत पड़ी। आर्थिक ममिला में जोखिम मत उठाई, पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविसवास बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 शिक्षा प्रतियोगिता के झेत्र में कइल गइल मेहनत सफल होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई, बेवसायिक ममिला में सफलता मिली। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 जीवनसाथी के सहजोग मिली, उच्च अधिकारी के साबासी मिली। रचना के काम आगा बढ़ी। सामाजिक काम में भागीदारी रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

   शासन सत्ता के सहजोग मिली, रोकल काम पूरा होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.