यमुनानगर। हथनीकुंड बैराज में मंगर के सांझ ट्रेनिंग के दौरान मोटर बोट पलटला के बाद लापता भइल दूगो कमांडो के खोज 14 घंटा से लगातार जारी बा। पूरा रात हेलिकॉप्टर से पश्चिमी यमुना नहर आ बैराज इलाका पs निगरानी रखल गइल। सेना, एनडीआरएफ, एसडीआरएफ आ उत्तर प्रदेश से आइल पीएसी के टीम खोज अभियान में लागल रहल। बुध के सबेरे तक दुनो कमांडो के कवनो सुराग ना मिल पावल बा।
हेलिकॉप्टर से पश्चिमी यमुना नहर के ऊपर लगातार निगरानी कइल जा रहल बा। बैराज के गेट लगे आ पानी के तेज बहाव वाला इलाका में बचाव दल खोजबीन कs रहल बा। नहर के दुनो किनारा पs तलाश चलावल जा रहल बा।
मंगर के सांझ पैराट्रूप यूनिट के जवान ट्रेनिंग करत रहे लो। एही दौरान ओह लोग के मोटर बोट बैराज के डेंजर जोन में पलट गइल। बोट पs सवार तीन गो कमांडो सुरक्षित बाहर निकल आइल लो, जबकि दूगो कमांडो लापता हो गइलें। हादसा के तुरंत बादे दुनो के खोज सुरू कs दिहल गइल रहे।
रातभर चलल सर्च अभियान
लापता कमांडो के खोज खातिर दूगो हेलिकॉप्टर लगावल गइल रहे। सेना के टीम के संगे एनडीआरएफ, एसडीआरएफ आ उत्तर प्रदेश से आइल पीएसी के जवान रातभर अभियान चलावल लो। रात करीब दू बजे तक टीम नहर आ बैराज के आसपास खोजबीन करत रहल। अन्हार होखला के बादो अभियान ना रोकल गइल।
बैराज के गेट लगे पानी में तलाश
बैराज के गेट के आसपास पानी में तेज खिंचाव रहेला। हादसा के बाद लापता कमांडो लाेगन पानी के बहाव के संगे आगे निकल गइल होखे के आशंका बा। एही वजह से पश्चिमी यमुना नहर में खोजबीन तेज कs दिहल गइल बा। हेलिकॉप्टर से ऊपर से पानी के बहाव वाला इलाका पs लगातार नजर रखल जा रहल बा।
तीन कमांडो सुरक्षित बाहर निकललें
मोटर बोट पलटला के बाद तीन गो कमांडो सुरक्षित बाहर निकल आइल लो। पीछे से दोसरका मोटर बोट पs सवार कमांडो घटनास्थल पs पहुंच गइल रहे लो। बाकिर पानी में लापता भइल दुनो कमांडो के अभी तक पता नइखे चल पावल।
लापता कमांडो में एगो महाराष्ट्र आ दूसरा जम्मू-कश्मीर के बतावल जा रहल बा। छछरौली के एसडीएम जसपाल गिल मंगर के दुनो कमांडो के लापता होखे के पुष्टि कइले रहलें। हालांकि सेना के ओर से दुनो के लापता होखे के आधिकारिक पुष्टि अभी तक नइखे भइल।
14 घंटा से लगातार जारी बा तलाश
हादसा के बाद से लगातार चल रहल सर्च अभियान के 14 घंटा हो गइल बा। हेलिकॉप्टर के संगे सेना आ बचाव दल के टीम पश्चिमी यमुना नहर आ बैराज इलाका में खोजबीन कs रहल बाड़ी सs। फिलहाल लापता दुनो कमांडो के कवनो सुराग नइखे मिलल।
Read Also: 02 सितंबर 2026 के राशिफल






