Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राम मंदिर के टाइम-टेबल आइल सामने, जानीं कवने समय कs सकेंनी रामलला के दर्शन

288

 

रामलला के प्राण प्रतिष्ठा अयोध्या में पवित्र हो गइल बा। अब 23 जनवरी मतलब आजु से आम लोग के रामलला के दर्शन हो सकेला। सोमवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राम लल्ला के अभिषेक कईले। सोमार के आमंत्रित अतिथि लोग के रामलाला के दर्शन भईल। एकरा से पहिले राम मंदिर के टाइम टेबल के खुलासा हो चुकल बा। जानकारी के मुताबिक राम मंदिर रोज सबेरे 8 बजे से आधा रात के 12 बजे तक खुलल रही।

मंदिर सुबेरे 8 बजे से आधा रात 12 बजे तक खुलल रही

जानकारी के मुताबिक मंदिर सबेरे 8 बजे से आधा रात 12 बजे ले खुलल रही। रामलला के रोज सबेरे चार बजे मंत्र से जगावल जाई। एकरा बाद मंदिर में सबेरे 4:30 से 5 बजे तक मंगला आरती के आयोजन होई। राम मंदिर में रोज 5 बजे आरती होई। एकरा संगे राम मंदिर में दर्शन दुपहरिया एक बजे से दुपहरिया तीन बजे तक बंद रही। एह दौरान मंदिर के दरवाजा बंद रही।

रामलला पीयर कपड़ा पहिनले बाड़े

बता दीं कि रामलला के पीताम्बर के कपड़ा पहिनावल गइल बा, जवना के डिजाइन दिल्ली के डिजाइनर मनीष त्रिपाठी बनवले बाड़न। कपड़ा के वाराणसी में सोना चांदी के बनल रहे। एकरा संगे एकरा सिलाई में सोना चांदी के धागा के भी इस्तेमाल भईल बा। एकरा संगे रामलला के कई प्रकार के गहना से भी सजावल गईल बा।

कई तरह के गहना भगवान राम पहीरले बाड़े

राम मंदिर ट्रस्ट के साझा जानकारी के मुताबिक भगवान राम के माथा पs तिलक बा, जवन कि हीरा अवुरी माणिक के बनल बा। एकरा संगे भगवान के गर्दन में सोना के हार भी लगावल गईल बा, जवना के हीरा, माणिक अवुरी पन्ना से सजावल जाला। संगही सोना के विजयंती अवुरी विजयमाला पहिनावल गईल बा। ई भगवान के तीसरा आ सबसे लमहर माला हs आ एकरा में माणिक भी बा। एकरा अलावे भगवान के गर्दन में एगो पादिका भी बा, जवना में हीरा, पन्ना अवुरी लटकन बा।

भगवान राम सोना से बनल करधनी पहिनले बाड़े, जवना में हीरा, माणिक, मोती अवुरी पन्ना के जड़ल बा। भगवान राम गोड़ में रत्न, हीरा आ माणिक से बनल पजनिया पहिनले बाड़े। साथ ही भगवान के चरण में सोना के माला लगावल गइल बा। भगवान के चारों ओर चांदी के खिलौना बा, जवना में हाथी, घोड़ा, ऊंट आदि शामिल बा। साथ ही, चमकदार प्रभामंडल के ऊपर सोना के छतरी भी बा।

 

 

 

718080cookie-checkराम मंदिर के टाइम-टेबल आइल सामने, जानीं कवने समय कs सकेंनी रामलला के दर्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.