Ram Mandir: रामलला के प्राण प्रतिष्ठा के पहिला वर्षगांठ आज, एह तरे घरे करीं भगवान राम के पूजा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

Ram Mandir: अयोध्या राम मंदिर में रामलला के मूर्ति के स्थापना के आजु एक साल पूरा हो गइल बा. हालांकि ध्यान देवे वाला बात बा कि अयोध्या में 22 जनवरी 2025 के प्राण प्रतिष्ठा के

Share

राम मंदिर

Ram Mandir: अयोध्या राम मंदिर में रामलला के मूर्ति के स्थापना के आजु एक साल पूरा हो गइल बा. हालांकि ध्यान देवे वाला बात बा कि अयोध्या में 22 जनवरी 2025 के प्राण प्रतिष्ठा के पहिला सालगिरह ना मनावल जाई, काहेंकी इs परब 11 जनवरी के पहिलही से मनावल जा चुकल बा। दरअसल रामलला विग्रह के अभिषेक के सालगिरह भारतीय कैलेंडर के मुताबिक मनावल जाई।

धार्मिक मान्यता के अनुसार भगवान राम के पूजा कइला से ना खाली आदमी के इच्छा पूरा होला बलुक ओकरा मानसिक शांति भी मिलेला। एह खास मौका पs बता दी कि रउरा अपना घर में भगवान राम के कइसे पूजा कs सकीलें. घर में भगवान राम के पूजा के सही तरीका के जानकारी प्राप्त करीं-

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

घर में भगवान राम के एही तरह से पूजा करीं

१-सबेरे सबेरे उठ के स्नान आदि के बाद ब्रह्म मुहूर्त में रामरक्षास्तोत्र के पाठ करीं। एकरा बाद राम के पंचमृत से नहा के नया कपड़ा पहिनवा दीं।

२-एकरा बाद घी के दीप जरा के घर में अखंड श्री रामचरितमानस के पाठ करीं। सुंदरकांड के पाठ भी कs सकेनी।

३-एकरा बाद हनुमान चालीसा के पाठ करीं। साथ ही परिवार के सब लोग मिल के भगवान राम के नाव के जप करस।

४-एकरा संगे मन में जवन इच्छा बा ओकरा के ध्यान में राखत भगवान राम के मंत्र के जप करीं। रामजी के गायत्री मंत्र: ओम दाशरथये विद्महे जानकी वल्लभाय धी महि तन्नो रामः प्रचोदयात् ॥ कम से कम 108 बेर एकर जप करीं।

५-अंत में भगवान राम के भोग अर्पित कs के फेर परिवार के लोग आ अउरी लोग के बीच प्रसाद बाँटीं।

६-एकरा संगे सांझ के अपना घर में घी के दीया जरा के मंदिर में दीप रखी.

७-एह दिन जरूरतमंद लोग के दान देवे के मत भूलीं। हो सके तs अपनी क्षमता के अनुसार गरीब लोग खातिर भंडारा के आयोजन करीं। अगर ई संभव नइखे तs कवनो चैरिटी में जा के दान करीं.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.