Ram Mandir: राम मंदिर निर्माण खातीर चंदा मांगे के नाव पs हो रहल बा फर्जीवाड़ा, विहिप लोगन के चेतवले

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2023

  अयोध्या में बनत भगवान राम के मंदिर के उद्घाटन 22 जनवरी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी करे वाला बाड़े। एकरा लेके हर तरह के प्रचार हो रहल बा। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के

Share

 

अयोध्या में बनत भगवान राम के मंदिर के उद्घाटन 22 जनवरी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी करे वाला बाड़े। एकरा लेके हर तरह के प्रचार हो रहल बा। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के प्रयास बा कि अधिका से अधिका लोग के शामिल कs के एह कार्यक्रम के एगो बड़हन कार्यक्रम बनावल जाव। लेकिन एकरा संगे राम मंदिर के नाम पs एगो बड़ धोखाधड़ी भी सोझा आईल बा। कुछ लोग राम मंदिर निर्माण के नाम पs पम्पलेट छाप के लोग से चंदा वसूली कs रहल बाड़े।

विश्व हिन्दू परिषद के कहना बा कि राम मंदिर बनावे के नाम पs कवनो चंदा नइखे लिहल जात।इs पूरा तरीका से धोखाधड़ी हs अवुरी लोग के एकरा से सावधान रहे के चाही। अगर कवनो व्यक्ति राम मंदिर निर्माण के नाम पs चंदा ले रहल बा तs पुलिस के सूचित करीं। बजरंग दल के अधिकारी ए मुद्दा के विहिप के नेता के संज्ञान में ले अईले, जवना के बाद संगठन के एकरा पs प्रतिक्रिया देवे के पड़ल।

विश्व हिन्दू परिषद के शीर्ष अधिकारी मिलिंद परांडे शुक के दिने एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी करत कहलन कि अयोध्या के राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम खातिर कवनो अलग समिति नइखे बनल। प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम खातिर धन जुटावे के जिम्मेवारी कवनो समिति के नइखे दिहल गइल। उs कहले बाड़े कि समाज के अयीसन कवनो धोखाधड़ी के लेके सतर्क रहे के चाही अवुरी अयीसन कवनो आदमी के आर्थिक योगदान ना देवे के चाही।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.